वीरगंज कारागार मे जेलर सहित २९ जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज २१ सावन,
वीरगंज कारागार मे बुध के दिने आउर २९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सावन १८ गते संक्रमित मिलल लोग सँगे के सम्पर्क भईल १ सय १८ जने के स्वाब परीक्षण कईला पर २९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कारागार कार्यालय के प्रमुख श्रवण पोखरेल सहित २९ जने मे कोरोना देखल गईल वीरगंज कारागार कार्यालय जानकारी देहले बा ।
कार्यालय प्रमुख सहित २ जने कर्मचारी, ३ जने नेपाली सेना आ २४ जने कैदीबन्दी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कार्यालय प्रमुख पोखरेल कर्तव्य पालना के समय मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बतवनी ।
‘कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के समय मे स्वाब के नमुना देहले रहनी’ कहत उ, ‘हमरा सहित २९ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
खुद आइसोलेसन मे रहला के साथे कारागार के कैदीबन्दी के भी आइसोलेसन मे राखेके व्यवस्था मिलावत बानी ।’
वीरगंज कारागार मे १ हजार २ सय ५० जने से बेसी कैदीबन्दी बाडन ।
कारागार मे स्वाब संकलन हो रहला पर कारागार बाहर के भी कुछ लोग स्वाब परीक्षण के खातिर देहल मिलल बा ।
उलोग मेसे भी कुछ मे संक्रमण देखल गईल बा ।
संक्रमित मेसे प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे कार्यरत २३ बरीस के स्वास्थ्यकर्मी आ ५३ बरीस के पुरुष लगायत कारागार मे जाके नमुना देहले रहलन ।
एकरा से पहिले २२ गो स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
१ जनानी कैदी सहित ८ जने कैदीबन्दी, नेपाल पुलीस के ओरी ३ जने सुरक्षाकर्मी आ २ जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
कारागार परिसर मे कैदी आ कर्मचारी के खातिर अलग अलग आइसोलेसन कक्ष मे राखल गईल बा ।
स्वासे नियमित निगरानी आ ईलाज चल रहल बा । १ जने जनानी बन्दी के खातिर कारागार भितर हि अलग कक्ष के ब्यवस्था कईल बा ।
कैदीबन्दी के न्यायिक प्रक्रिया के खातिर अदालत आ ईलाज के खातिर अस्पताल ओहोर–दोहोर करावेके बाध्यता आ नयाँ थुनुवा के बहुते पुराना पीसीआर रिपोर्ट के आधार मे राखेके पडला पर संक्रमण फईलल अनुमान कईल बा ।






