वीरगंज मे मृत्यु भईल बुढ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २३ सावन,

वीरगंजस्थित नारायणी अस्थायी कोभिड विशेष अस्पताल मे मृत्यु भईल बुढ मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंज–३ छपकैया के ६५ बरीस के बुढ के मृत्यु के बाद कईल परीक्षण मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

कोभिड अस्पताल के इमर्जेन्सी कक्ष मे ईलाज के समय मे सबेरे उनकर मृत्यु भईल रहे ।

उनका के ४÷५ दिन बोखार अईला पर भी बोखार ठिक भईल रहे ।

माकिर सावन २२ गते रात उनका के अचानक साँस लेवेमे समस्या भईला के बाद परिवार के सदस्य एडभान्स अस्पताल लेगईल रहलन ।

उहाँ चिकित्सक अक्सिजन देहला पर भी काम ना कईलख ।

चिकित्सक आईसीयु मे राख के ईलाजज करेके बतईला के बाद अटो रिक्सा मे राख के नेशनल मेडिकल कलेज लेगईल रहे ।

माकिर नेशनल भी भर्ना ना लेहला के बाद अस्थायी कोभिड अस्पताल गण्डक मे लेगईल रहे ।

चिकित्सक अक्सिजन देके ईलाज करेके समय मे उनकर मृत्यु भईल बा ।

एकरा सँगे सावन मे मात्र पर्सा मे कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु होखेवाला के संख्या १६ पुगल बा ।

कोरोना संक्रमण से वीरगंज के एक पुरुष के काठमाण्डु मे मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज मे ईलाज के समय मे बारा के २ जने आ रौतहट के १ जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज मे एगो लावारिस लास मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।