फोटो पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के कमिटी गठन, अध्यक्ष मे पंकज श्रेष्ठ

बारा १९ फागुन,
नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ प्रदेश नं २ के अध्यक्ष मे पंकज श्रेष्ठ सर्वसम्मत चयन भईल बानी । महासंघ के आजु सिमरा मे पुरा भइल पहिलका अधिवेशन से श्रेष्ठ के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय प्रदेश कमिटी चयन भईल बा ।
कमिटी के उपाध्यक्ष प्रभातकुमार झा, महासचिव दिवाकर भण्डारी, सचिव फणिदेव महत, सहसचिव परिश कर्ण आ कोषाध्यक्ष मे गणेश साह, सदस्यलोग मे विजय चौहान, श्याम गुप्ता, अच्युतम सापकोटा आ नवीनकुमार नवल चयन भईल बाडन ।
एकरा से पहिले अधिवेशन के उदघाटन नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश अध्यक्ष दीपेन्द्र चौहान कईले रहनी । उ सामाजिक न्याय आ समृद्धि के खातिर फोटो पत्रकार के भूमिका अहम् होखेके बतवनी । पत्रकारिता के विश्वसनीय बनावे खातिर फोटो पत्रकारिता के महत्व बढत गईल कहत अध्यक्ष चौहान एकर समग्र विकास के खातिर महासंघ सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश उपाध्यक्ष केसी लामिछाने फोटो पत्रकारिता मे बढल आकर्षण से समग्र पत्रकारिता के विकास होखेमे खुद आशावादी रहल बतवनी । फोटो पत्रकारिता विशुद्ध प्राविधिक विषय रहल आ तस्वीर के माध्यम से समाज के सुसूचित करेवाला क्षेत्र रहला से फोटो पत्रकार के दक्षता आ क्षमता अभिवृद्धि के खातिर प्रशिक्षणमूलक कार्जक्रम निरन्तर आयोजना करेके सुझाव देहनी ।
नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय महासचिव हरि रेग्मी पत्रपत्रिका आ टेलिभिजन मे फोटो, भिडियो के काम करेवाला पत्रकारलोग के सङ्गठित बना के अगाडि बढावे खातिर महासंघ से भूमिका खेल रहल बतवनी । महासंघ काठमाण्डु मात्र ना होके देश के सभी जिल्ला मे सक्रियरूप मे काम करेवाला पत्रकारलोग के सङ्गठित करेके, फोटो आ भिडियो के माध्यम से सम्बन्धित जिल्ला के पर्यटन प्रवद्र्धन मे टेवा पुगावेके, क्षमता अभिवृद्धि करेके लगायत गतिविधि के अगाडि बढा रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे महासंघ के केन्द्रीय सदस्य जीतलाल श्रेष्ठ फोटो पत्रकारिता के विकास के खातिर निजगढ मे तालीम केन्द्र के अवधारणा सहित भौतिक पूर्वाधार निर्माण के तइयारी कर रहल बतवनी । महासंघ के बारा शाखा के नेतृत्व मे निर्माण होखेवाला तालीम केन्द्र से दक्ष फोटो पत्रकार उत्पादन करे सकेके श्रेष्ठ के कहनाम रहे ।
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश सचिव गुरुप्रसाद गौतम प्रदेश के समग्र विकास के खातिर फोटो पत्रकारिता के भूमिका अहम् रहल बतवनी ।
महासंघ प्रदेश तदर्थ समिति के अध्यक्ष राम सर्राफ के अध्यक्षता मे भइल अधिवेशन मे केन्द्रीय उपाध्यक्ष सागर श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण सचिव फणिदेव महत कईले रहनी ।






