पर्सा मे मेयर सहित ५५ जने मे कोरोना, ल्याब के कर्मचारी भी संक्रमि

वीरगंज २४ सावन

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका के मेयर नितेन्द्र प्रसाद साह सहित ५५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल स्थिति पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ८ जने जनानी सहित ५५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

संक्रमित मेसे ३ जने बारा आ १ जने सर्लाही के बाडन । शुक के दिने मृत्यु भईल वीरगंज–३ छपकैया के ७४ बरीस के बुढ भी संक्रमित के सूची मे बाडन ।

नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला स्रोत से देहल जानकारी मुताविक बहुदरमाई नगरपालिका मे ४० बरीस के मेयर नितेन्द्र प्रसाद साह सहित २५ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।

चण्डी प्रसाद गण के ३२ बरीस के नेपाली सेना के जवान आ बारा के कलैया–१० घर भईल नारायणी अस्पताल के ल्याब के ३१ बरीस के पुरुष कर्मचारी मे भी संक्रमण देखल गईल बा ।

उ नारायणी अस्पताल के ओपीडी ल्याब मे कार्यरत रहलन ।
एहितरे वीरगंज–१० आदर्शनगर घर भईल दुगर ग्रुप के ३७ बरीस के पुरुष आ बारा के मनहर्वा घर भईल ४३ बरीस के दु जने कर्मचारी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल नारायणी अस्पताल क्वाटर के ४५ बरीस के पुरुष आ वीरगंज–४ विर्ता के २२ बरीस के जनानी मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।
लक्षण देखल गईला के बाद जाँच कईला पर कोरोना पोजेटिभ
वीरगंज–१० के ५० बरीस के पुरुष आ २२ बरीस के युवती मे कोरोना देखल गईल बा ।

उलोग दुनु जने के ५÷७ दिन से बोखार आ रहल रहे । बोखार आके पीसीआर करावल वीरगंज–११ श्रीपुर के ६० बरीस के पुरुष, वीरगंज–११ फूलबारी टोल के ४७ बरीस के पुरुष, वीरगंज–७ रेशमकोठी के २२ बरीस के पुरष आ वीरगंज–१० आदर्शनगर के ५० बरीस के पुरुष के पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

बोखार आ खोकी लाग के पीसीआर करावे खातिर अस्पताल गईल वीरगंज–१२ के ४९ बरीस के, वीरगंज सबैठवा के ६५ बरीस के बुढ आ वीरगंज– १६ नगवा के ३८ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उनका के तीन दिन से कफ सहित के बोखार आवत रहे । वीरगंज–१६ ब्रह्मचोक बसपार्क के टिबी के मरेजी ३५ बरीस के पुरुष के बोखार आके कोरोना जाँच करईला पर कोरोना पोजेटिभ देखल गईल बा ।

खुदे पीसीआर करावल १३ जने मे कोरोना
खुदे कोरोना जाँच करावल सर्लाही के २६ बरीस के, वीरगंज–१६ नगवा के २४ बरीस के, वीरगंज–११ श्रीपुर के ३७ बरीस के, वीरगंज–९ के ६० बरीस के वृद्धा, छिपहरमाई गाँवपालिका–५ भिस्वा के ५५ बरीस के जनानी आ ३५ बरीस के पुरुष मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे विन्दवासिनी गाँवपालिका–३ नगरदाह के ३१ बरीस के पुरुष, बारा के फेटा गाँवपालिका भलुही भरवलिया के ३० बरीस के पुरुष, वीरगंज–१६ नगवा के २४ बरीस के पुरुष, वीरगंज– १२ मुर्ली के ६० बरीस के पुरुष, वीरगंज– ११ श्रीपुर के ५० बरीस के जनानी, वीरगंज–१० रानीघाट के २४ बरीस के पुरुष आ ४५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे बहुदरमाई नगरपालिका मे १ सय २२ जने के स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे पठावल रहे ।

एकरा से पहिले संक्रमण पुष्टि भईल वार्ड नं. ६, ३ आ ५ के संक्रमित के सम्पर्क मे आईल उलोग के सावन २१ गते नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय बैरियाविर्ता मे उलोग के स्वाब संकलन कईल रहे ।

नगर प्रमुख साह, वार्ड नं. ५ के अध्यक्ष, भौराटार हेल्थ पोष्ट के ३ जने सहित ६ जने स्वास्थ्यकर्मी, क्वारेन्टिन मे रहल, क्वारेन्टिन के कार्यालय सहजोगी, नगरपालिका के कार्यालय सहजोगी, नगरपालिका के सूचना शाखा के कर्मचारी आ संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल सर्वसाधारण करके २५ जने मे कोरोना पुष्टि भईल नगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक विदुर उप्रेती जानकारी देहनी ।

बहुदरमाई नगरपालिका मे एके बेर बडका संख्या मे संक्रमित मिलला के बाद कईसे व्यवस्थापन करेके कहके चिन्ता थपाईल बा ।

नगरपालिका मे आइसोलेसन सेन्टर ना बनवला के चलेत समस्या भईल बा । स्वास्थ्य शाखा संयोजक उप्रेती संक्रमित के कहाँ आ कईसे आइसोलेटेड करेके कहके बारेमे छलफल हो रहल बतवनी ।

‘नगरपालिका मे एके बेर बहुते संख्या मे संक्रमित मिलल बाडन । अलगे रहेके व्यवस्था मिलावेके पडि,’ कहत उ, ‘अब संक्रमित के व्यवस्थापन कईसे करेके बारेमे छलफल करत बानी ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।