मेनुका पौडेल के लता मंगेशकर संगीत पुरस्कार
मेनुका पौडेल के लता मंगेशकर संगीत पुरस्कार
वीरगंज ०८ चईत
गायिका मेनुका पौडेल लता मंगेशकर संगीत पुरस्कार से सम्मानित भईल बानी । वीरगंज के नगरसभा गृह मे बुध के सँझिया आयोजना कईल समारोह मे ५१ हजार रोपेया राशी के उ पुरस्कार से पौडेल के सम्मानित कईल रहे ।
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह आ वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दुतावास के महावाणिज्यदुत देवी सहाय मिना पौडेल के सम्मानपत्र सहित नगद पुरस्कार प्रदान कईले रहलन ।
हनुमानी देवी नथमल वैद्य सेवा समिति वीरगंज २ बरीस पहिले गायिका लता मंगेशकर के निधन के २ दिन के बाद ई पुरस्कार घोषणा कईल समिति के अध्यक्ष अशोक वैद्य बतवनी । उ गायिका मंगेशकर के नाम मे अर्न्तराष्ट्रिय स्तर मे घोषित ई पुरस्कार पहिलका रहल दाबी भी कईनी । नेपाल भारत सहजोग मन्च के अध्यक्ष भी रहल वैद्य ई पुरस्कार से सम्मानित होखेवाला पौडेल पहिलका कलाकर्मी भईल बतवनी । उ कला÷संगित के क्षेत्र मे योगदान देवेवाला कलाकर्मीलोग के हरेक बरीस ई पुरस्कार देवेके बतवनी ।
सम्मानित भईला के बाद पौडेल लता मंगेशकर के नाम से स्थापित पुरस्कार मिलेवाला पहिलका कलाकर्मी खुद होखे मिलला मे गौरवान्तिव महशुस भईल बतवनी । ‘हमर आदर्श गायिका लता मंगेशकर के नाम से नेपाल मे स्थापित पुरस्कार मिलेके पहिलका कलाकर्मी होखे लागला मे हम गौरवान्वित भईल बानी,’ कहत उ, ‘ई पुरस्कार आ सम्मान से आउर जिम्मेवारी आ चुनौती थपाईल बा ।’
प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगर के मेयर सिंह पौडेल के वीरगंज मे सम्मानित करे मिलला पर बहुते खुसी लागल बतवनी । उ व्यक्तिगत रुप मे पौडेल के ५१ हजार रोपेया प्रोत्साहन स्वरुप प्रदान भी कईनी । एहितरे, वीरगंज साइक्लिङ क्लव भी गायिका पौडेल के प्रोत्साहन स्वरुप २५ हजार रोपेया नगद देहले रहे । संस्था के कोषाध्यक्ष सन्जय अग्रवाल उ रकम पौडेल के हस्तान्तरण कईले रहलन । उल्था अन्नपूर्ण