निषेधाज्ञा के बिच तस्करी, अवैध कपडा बरामद

वीरगञ्ज२५ सावन,

कोरोना भाइरस समुदाय मे फईलला के बाद पर्सा मे सावन १९ गते से निषेधाज्ञा जारी बा ।

माकिर जिल्ला मे निषेधाज्ञा भईला पर भी तस्करी करेवालालोग आपन धन्दा चला रहल बाडन ।

तस्कर समूह मोटरसाइकल मार्फत सीमावर्ती भारतीय बजार इनर्वा से जानकीटोला, दशौता, भिखमपुर होत पटेर्वा सुगौली के मनिहर्वा लिया रहल अवस्था मे पुलीस भन्सार छली के कपडा बरामद कईले बा ।

गोप्य सूचना के आधार मे बितल पुलीस के टोली पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका–५ मनिहर्वा से दु गो भारतीय नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल आ एगो नेपाली नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल सहित ५५ थान साडी, ७१ थान सुरुवाल, २० थान सल, १९ थान रेडिमेन्ट सुट बरामद कईले बा ।

तस्करी के समूह से प्रयोग कईल ना १३ प १०८३, बीआर २२ वाई ११४२ आ बीआर २२ एक्स ०६९१ नम्बर के मोटरसाइकल बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस के गस्ती टोली के देखल गईला के बाद कपडा तस्करी मे संलग्न आदमीसब मोटरसाइकल सहित कपडा छोडके भागल पुलीस के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।