राप्रपा नेपाल पर्साद्धारा वीरगंज मे मन्त्री किराती के पुतला दहन

राप्रपा नेपाल पर्साद्धारा वीरगंज मे मन्त्री किराती के पुतला दहन

वीरगंज ०८ पुस

राप्रपा नेपाल पर्सा संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयन मन्त्री सुदन किराती के वीरगंज मे पुतला दहन कईले बा ।

“क्रिश्चियन के ना मानेम कहल संविधान ना मानल आ संविधान ना मानेवाला देशद्रोही हउवनन, ओईसन के हत्कडी लगाके जेल मे राखेके ह’ कहके अभिव्यक्ति के बाद संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयनमन्त्री सुदन किराती के वीरगंज के मुर्ली चौक मे पुतला जरावल गईल बा ।

मन्त्री किराती के अभिव्यक्ति के बिरोध मे रा.प्र.पा नेपाल केन्द्रिय कार्यसमिति के निर्णय मुताविक जिल्ला कार्यसमिति पर्सा मन्त्री किराती के पुतला दहन कईले बा ।

राप्रपा नेपाल के केन्द्रिय सदस्य शम्भु प्रसाद चौरसिया सामाजिक सदभाव बिथोलेवाला आ साम्प्रदायिक द्वेष फईलावेवाला अभिव्यक्ति देहल कहत मन्त्री किराती उपर कानुन बमोजिम कारवाही तथा राजिनामा के भी माग कईले रहनी ।

उ अवसर मे राप्रपा नेपाल के केन्द्रिय सदस्य पुनदेव यादव, केदार गौली, पर्सा के कार्यवाहक अध्यक्ष रोसन यादव, जिल्ला सचिव पवन प्रसाद साह, सदस्यलोग दिपनारायण यादव, अनुरुध बैठा, साहेब राम, राजबाबु चौरसिया, तुलसी यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।