मास्क ना पहिनेवाला चार लाख आदमी कारबाही मे

काठमाण्डु, २६ सावन

सरकार मास्क ना पहिनेवाला तीन लाख ९५ हजार आदमी के नियन्त्रण मे लेके कारबाही कईले बा ।

सरकार नेपाल मे फईलत गईल कोभिड–१९ के चलते बन्दाबन्दी कईला के बाद मास्क ना पहिनेवाला देशभर के आदमी के नियन्त्रण मे लेके सम्झा बुझाके छोडला के साथे जरिवना भी कईले बा ।

अनुमति विना काठमाण्डु उपत्यका प्रवेश करेके खोजेवाला सात हजार ६०० सवारी साधन आ करीब १९ हजार ४०० यात्रु के प्रवेश नाका से फिर्ता कईल गृह मन्त्रालय के प्रवक्ता, सहसचिव चक्रबहादुर बुढा जानकारी देहनी ।

एहितरे तोकल निर्देशन विपरीत अभी तक सवारी चलावेवाला करीब एक लाख ३७ हजार दु पाङ्ग्रे आ चारपाङ्ग्रे सवारी साधन के होल्ड कईला के साथे जोरबिजोर प्रणाली ना मानेवाला पाँच हजार ३०० सवारी साधन के कारबाही कईल मन्त्रालय जनवले बा ।

मन्त्रालय कोभिड–१९ के बढल सङ्क्रमण नियन्त्रण के खातिर जारी निर्देशन के कडाइपूर्वक कारबाही करेके काम निरन्तर जारी रहल जनावल गईल बा ।

सरकार कोभिड–१९ नियन्त्रण के खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालयद्वारा जारी जनस्वास्थ्य मापदण्ड आ गृह मन्त्रालयद्वारा जारी सुरक्षा मापदण्ड के पूर्ण रूप मे पालना करे खातिर सभी के निहोरा भी कईले बा ।

गृह मन्त्रालय यातायात मे जोरबिजोर प्रणाली के पालना करेके, अनिवार्यरूप मे माक्स पहिनेके लगायत निर्देशन के प्रभावकारी रूप मे कार्यान्वयन करावे खातिर सभी के निर्देशन भी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।