रौतहट मे संक्रमित वार्ड अध्यक्ष के ट्रेसिङ कईला पर १९ जने मे कोरोना

रौतहट २६ सावन

रौतहट के राजदेवी नगरपालिका के कोरोना संक्रमित वार्ड अध्यक्ष के सम्पर्क मे आईललोग के कन्ट्याक ट्रेसिङ कईला पर आउर १९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सावन ११ गते संक्रमण पुष्टि भईल वार्ड अध्यक्ष के सम्पर्क मे आईल १४४ जने के स्वाब परीक्षण कईला मे सोमार के १९ जने के पीसीआर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट के प्रमुख महेश साह बतवनी ।

संक्रमित होखेवाला मे राजदेवी नगरपालिका–४ बसतपुर के १४ जने आ आउर वार्ड के ५ जने बाडन ।

एकरा से पहिले उनकर सम्पर्क मे आईल १७ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर सावन २० मे ४ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

११ सावन मे संक्रमण देखल गईल वार्ड अध्यक्ष के रौतहट के राजदेवि नगरपालिका के एक वार्ड अध्यक्ष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनका सँगे सम्पर्क मे आईललोग के कन्टायक्ट ट्रेसिङ्ग कईला पर १९ नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन ।

काठमाण्डु जाए के खातिर कहत सावन ११ गते पीसीआर परीक्षण करईला पर वार्ड अध्यक्ष मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

एतवार के दिने मात्र रौतहट के गौर मे १५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।