कलैया सिटी जेसीज अनाथ आश्रम मे खाएवाला समान बटलख

बारा २५ फागुन,

बारा के कलैया मे जेसिज खायेवाला सामान बँटले बा । कलैया उपमाहनगरपालिका वडा नमवर ४ स्थित अमृता अनाथ आश्रम मे खायेवाला समान वितरण कईले बा ।

अमृता अनाथ आश्रम के सञ्चालिका फुलमती बस्नेत के चामल, दाल, पाउरोटी, चाउचाउ, अण्डा, बिस्कुट लगायत के खाएवाला सरसमान देहल गईल जेसिज के बारा शाखा के २०१८ के अध्यक्ष धनिलाल सरार्फ जानकारी करावले बानी । होली प्रेम आ स्नेह के त्योहार हवे अनाथ लोग के केहु ना भईला से होली त्योहार मनाउनावेला सहज बनावे खातिर कलैया जेसिज से खायेवाला समान देहल गईल सरार्फ जनकारी करावले बानी ।

सभे केहु मिल के होली त्योहार फगुवा हसिखुशी से खेले खातिर मद्दत पुगी अनाथ लईकालईकी से खातिर खायेवाला समान आश्रम मे देहल गईल सन २०२० के बारा अध्यक्ष विपिन चौधरी बतावले बानी । कार्यक्रम मे जेसिज के २०२० के अध्यक्ष जेसि विपिन चौधरी, २०१८ के अध्यक्ष जेसि धनिलाल सरार्फ, एम सि अनिल कुशवाहा, उपाध्यक्ष पवन कुशवाहा, महासचिव शम्भु गुप्ता, वरी २०१९ के अध्यक्ष राजेश कुशवाहा, सुभाष जैयसवाल लगायत के लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।