पर्सा आ बारा मे २१ जनानी सहित ७० जने कोरोना संक्रमित थपईलें

वीरगंज २७ सावन

चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी, सुरक्षाकर्मी सहित पर्सा आ बारा के करके सोमार के रात आउर ७० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे २१ जने जनानी सहित ७० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जउना मेसे पर्सा के ६५ जने आ बारा के ५ जने बाडन । एकरा से पहिले सोमार के सबेरे भी पर्सा के २२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

प्रयोगशाला से देहल जानकारी मुताविक नारायणी अस्पताल के ओपीडी मे कार्यरत वीरगंज–३ प्रगतिनगर के ३३ बरीस के आ बारा नकटुवा के ४५ बरीस के पुरुष, अस्पताल के पेड्रियाट्रिक वार्ड मे कार्यरत बारा पथलैया के २३ बरीस के पुरुष आ अस्पताल के क्वाटर मे रहत आईल ३५ बरीस के जनानी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे अस्पताल के कर्मचारी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल ५ बरीस के लइकी, ३३ बरीस के जनानी आ ५६ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे नेशनल मेडिकल कलेज मे कार्यरत ३१ आ ३० बरीस के दु जने चिकित्सक आ २३ बरीस के एक युवक, भवानी हस्पिटल से पठावल स्वाब मे वीरगंज–१६ नगवा के १८ बरीस के, वीरगंज–१९ के २३ बरीस, वीरगंज–१४ के ४०, वीरगंज–१५ के ३२ बरीस के पुरुष, २० आ ३६ बरीस के २ जने जनानी, वीरगंज– १६ भिष्वा के ३० बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे संक्रमित मेसे ६ जने पुलीस बाडन । वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता मे कार्यरत ५ जने आ जिल्ला प्रहरी कार्यलय पर्सा मे कार्यरत १ जने प्रहरी कर्मचारी मे भी संक्रमण देखल गईल बा ।

वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता मे कार्यरत ४८, ३०, ४३, ३५, २३, बरीस के आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे कार्यरत ४१ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर के मुताविक एकरा सँगे पर्सा जिल्ला मे ३२ जने पुलीस मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

उनका मुताविक क्वारेन्टिन मे खटल मात्र ना होके भिडभाड मे खट के ड्युटी करेवाला पुलीस मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

पुलीस कर्मचारी के परिवार के एक १७ बरीस के किशोरी मे आ २२ बरीस के एक जने थुनुवा के भी पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

एहितरे सक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल २४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल पीसीआर ल्याब जनवले बा ।

संक्रमित के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल वीरगंज–१ छपकैया के ७७ बरीस के पुरुष आ १० बरीस के लईका आ १७ बरीस के युवती, १४ बरीस के किशोरी आ ३३ बरीस के जनानी मे, धोविनी गाँवपालिका–३ के ३३ बरीस के, वीरगंज–१५ के २३ बरीस के पुरुष मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।

बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका ५ इटियाही के २६ बरीस के, वीरगंज–१३ के १७ बरीस के, वीरगंज–१० के ५२ बरीस के पुरुषलोग आ ५० बरीस के एक जनानी, वीरगंज–१२ मुर्ली के ४८ बरीस के, वीरगंज–१६ के १९ बरीस के युवती, वीरगंज–४ विर्ता के ८६, २६, १७, १९, २४, ६० बरीस के पुरुषलोग, ७ बरीस के बालक आ ५२ बरीस के जनानी आ २१ बरीस के युवती, कृषि सामाग्री केन्द्र ५५ बरीस के पुरुष, वीरगंज महानगरपालिका कर्मचारी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल ४८ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

खुदे जाँच करावेवाला २१ जने मे संक्रमण
बोखार आके कोरोना जाँच करावल वीरगंज–१३ के ३५ बरीस के, वीरगंज–४ विर्ता के २४ बरीस के, वीरगंज–१० आदर्शनगर के ४८ बरीस के पुरुष, ४५ बरीस के जनानी, वीरगंज के ३७ बरीस के पुरुष आ नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल वीरगंज–१५ भिष्वा के ४५ बरीस के पुरुष, वीरगंज– ७ रामटोल के ५५ बरीस के जनानी आ बोखार आके ५ दिन से नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल वीरगंज–१६ नगवा के ६१ बरीस के पुरुष के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

खुदे कोरोना जाँच करावल वीरगंज– १० लिंंक रोड के २९ बरीस के, वीरगंज–६ रेशमकोठी के ३८ बरीस के पुरुष, वीरगंज–६ माइस्थान के ४८ बरीस के पुरुष, १८ बरीस के युवक आ २१ बरीस के युवती, वीरगंज–४ विर्ता के ७६ बरीस के बुढ, वीरगंज–१२ मुर्ली के ५५ बरीस के जनानी आ वीरगंज–१५ भिष्वा के १५ बरीस के पुरुष आ वीरगंज– २ छपकैया के ६५ बरीस के पुरुष मे कोराना देखल गईल बा ।

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका–३ के ३० बरीस के जनानी आ ३ बरीस के लइकी, बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिस्थित सिमरा क्वारेन्टिन के ४५ बरीस के पुरुष आ बारा के निजगढ मे कार्यरत ३० बरीस के सशस्त्र प्रहरी जवान मे कोरोना देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।