ई सरकार बनला के बाद हरेक दिन छ किमी रास्ता पिंच भईल बा :- प्रम

काठमाण्डु ३ फागुन,
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली वर्तमान सरकार गठन के बाद प्रतिदिन लगभग छ किलोमिटर के दर से सडक पिंच होत आईल बतवले बानी ।
सरकार गठन के दु बरीस पूरा भईल अवसर मे प्रतिनिधिसभा बईठक के सम्बोधन करत आजु उ सरकार ई समय मे हासिल कईल उपलब्धि के बारे मे जानकारी करावत उ जानकारी देहले बानी । प्र
ओली कहनी कि, “ई समय मे १२५ तुइन विस्थापन भइल बा, भूकम्प से क्षतिग्रस्त तातोपानी जोडेवाला सडक निर्माण होके आयात–निर्यात सञ्चालन भईल बा । कृषि आ मछरी मासु मे देश आत्मनिर्भर भईल बा ।”
सरकार कर के दर ना दायरा बढावे के सोंच बनावल उल्लेख करत उ स्थिर सरकार गठन सँगे विदेशी लगानी के खातिर बढिया वातावरण बनल बतवनी । ई समय मे रु दु खरब के लगानी के प्रतिबद्धता आईल जानकारी करावत प्रधानमन्त्री ओली व्यापार विविधिकरण मे उल्लेखनीय सुधार आके निर्यात २६.१ प्रतिशत से बढल आ आयात घटल बतवनी ।
ऊर्जा क्षेत्र मे भईल उल्लेखनीय उपलब्धि के बारे मे जानकारी करावत उ विद्युत् उत्पादन मे भईल वृद्धि सँगे विद्युत् निर्यात भी होखे लागल बतवनी । साथे ८८ प्रतिशत जनसङ्ख्या मे विद्युत् पुगल जानकारी करवनी । ई समय मे अनेकन विद्युत् प्रसारण लाइन निर्माण मे भी उल्लेखनीय प्रगति भईल बा । एकरा से उत्पादित विद्युत् भारत आ बङ्गलादेश निर्यात के खातिर सहज भईल प्रधानमन्त्री ओली के कहनाम रहे ।
उ कहनी कि, “एमसीसी कम्प्याक्ट अन्तर्गत लप्सेफेदी–रातामाटे–दमौली–हेडौँडा–पाल्पा–बुटवल आ गोरखपुर तक अन्तरदेशीय विद्युत् प्रसारण लाइन आ जरुरी सवस्टेशन निर्माण के काम पुरा करेके योजना दीर्घकालीन महत्व के मात्र ना होके नेपाल के अपार जलविद्युत् सामथ्र्य उपयोग मे कोशेढुङ्गा होखी ।
अमेरिकी सरकार के करीब ५५ अरब अनुदान आ हमनी के १४ अरब हाराहारी के लगानी के साथ पुरा होखेवाला ई परियोजना से राष्ट्रिय गौरव के योजना के महत्व आ हैसियत प्राप्त कईल बा । आवेवाला पाँच बरीस भितर ई आयोजना के निर्माण काम पूरा भइला पर नेपाल के अर्थतन्त्र, वैदेशिक व्यापार, भुक्तानी सन्तुलन आ ऊर्जा उपयोग के तस्वीर हि बदलेके निश्चित बा ।”
“देश मे गरीबी बा, माकिर भुखमरी के अन्त्य कईल गईल बा, ई बरीस शीतलहर आ जाडा से केहु भी ज्यान गुमावे के नइखे पडल । अबगे भईल राष्ट्रियसभा के निर्वाचन से भी समग्रह मे मत के सङ्ख्या मे सरकार के पक्ष मे जनमत कायमे भईल देखवले बा । ई तथ्य भी ह”, प्रधानमन्त्री ओली कहनी ।
त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल के धावनमार्ग के ४० बरीस के बाद पुनःनिर्माण तोकल गईल समय मे पुरा भईल उल्लेख करत प्रधानमन्त्री ओली देश के आउर अनेकन विमानस्थल के पुनःनिर्माण आ स्तरोन्नति करके रात्रिकालीन सेवा भी शुरु कईल जानकारी करवनी । देश मे पेट्रोलियम पाइपलाइन तोकल गईल समय मे निर्माण पुरा भईल बतावत उ सभी नेपाली के पुहँच मे टेलिफोन सेवा पुगल, भूकम्प के बाद के पुनःनिर्माण तेजी रुपमे अगाडि बढल तथा बारा आ पर्सा मे टोनार्डाे पीडित जनता के तोकल गईल समय मे आवास निर्माण करके हस्तान्तरण कईल बतवनी ।
प्रधानमन्त्री ओली सदन मे कहनी कि, “ई समय मे विद्यार्थी भर्ना दर शतप्रतिशत लगे पुगल बा । विद्यार्थी विद्यालय छोडेके दर कम भईल बा ।
स्वास्थ्य बीमा १५ जिल्ला से ३९ जिल्ला मे विस्तार भईल बा । दक्षिण एशिया मे नेपाल पहिलका खुला पैखाना मुक्त देश भईल बा । काठमाण्डु उपत्यका के फुहर व्यवस्थापन के खातिर बन्चरेडाँडा मे आवेवाला चईत भितर पुरा करेवाला किसिम से ल्याण्डफिलसाइट के काम अगाडि बढल बा । ई सभी उपलब्धि हि ह ।”
‘खुद भ्रष्टाचार ना करेम आ केहु के करे भी ना देहेम’ कहत आईल आ उहे मुताविक काम भी करत आईल अवगत करावत उ भ्रष्टाचार करेवाला केहु के नाछोडेके बतवले बानी । साथे प्रधानमन्त्री ओली अतिक्रमण भईल सार्वजनिक जग्गा फिर्ता लियावे खातिर सरकार लागल बतावत सरकार के कारवाही के बाद सोना तस्करी तहसनहस भईल बा कहनी ।
प्रधानमन्त्री ओली कहनी कि, “ई दु बरीस मे राजश्व चुहावट, विनिमय अपचलन तथा अवैध हुण्डी कारोवारी एवं झुठा तथा नक्कली बिल जारी करेवाला कसूर मे कर्मचारी तथा अनेकन फार्मसब सहित ७९५ जने विरुद्ध रु २६ अरब सात करोड ९९ लाख बिगो दाबी करके अदालत मे मुद्दा दायर कईल गईल बा ।”
मातातीर्थस्थित नेपाल ट्रस्ट के स्वामित्व मे रहल करीब १७४ रोपनी जमिन मे भईल कानूनविपरीत मोही काण्ड के तथ्य भी सार्वजनिक भइल उल्लेख करत उ कहनी कि, “कुछ आदमी के लाभ पुगावे के नियत के साथ ‘नीतिगत निर्णय लेवेके अवस्था भईल’ कहत २०६९ साल कातिक २ गते ई सम्बन्ध मे नेपाल ट्रस्ट ऐन २०६४ के दफा (४) के उपदफा (२) आ (३) विपरीत निर्णय भईल देखल गईल बा । जइसे ललिता निवास प्रकरण मे राज्य के सम्पत्ति मे भईल अवाञ्छित दोहन के छानबिन करके कारवाही अगाडि बढावल गईल बा, ई काण्ड के भी उहे मुताविक छानबिन होखी ।”






