ठोरी–४ मे सर्वपक्षीय बईठक, वार्ड के सभी नाका पुर्ण रुप मे सिल करेके निर्णय

मेघराज राय

जिराभवानी २७ सावन

ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ के वार्ड कार्यालय निर्मलबस्ती मे आजु सर्वपक्षीय बईठक पुरा भईल बा ।

कोरोना भाइरस के संक्रमण व्यापक रुप मे फईलल अवस्था मे वार्ड नं. ४ के कईसे सुरक्षित राखेके कहके बिषय मे सर्वपक्षीय बईठक राखल वार्ड अध्यक्ष बही बहादुर पाख्रीन बतवनी ।

बईठक से सावन २८ गते से वार्ड नं. ४ के सभी नाकाससब कडाइ के साथ बन्द करेके निर्णय कईले बा ।

कोभिड–१९ के राष्ट्रब्यापी आचार संहिता भितर पडेवाला (एम्बुलेन्स, मरेजी ढुवानी करेवाला सवारी साधन तथा जरुरी आउर सवारी) बाहेक के सभी सवारी साधन तथा चलेमे भी पूर्ण रुपसे रोक लगावल गईल वार्ड कार्यालय जनवले बा ।

वार्ड नं. ४ प्रवेश करेवाला शिकारीबास खोला, डिपुडांडा, बाघमोर्चा पुल लगायत भारतीय नाकासब मे विशेष कडाई करेके बईठक से निर्णय कईले बा ।

साथे बईठक से वार्ड अध्यक्ष पाख्रीन के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय वार्ड स्तरीय कोरोना भाइरस नियन्त्रण समिति भी गठन कईले बा ।

निषेधाज्ञा लागू भईल समय भर काम बाहेक वार्ड भरके सभी बासिन्दा के घर बाहर ना निकले खातिर बईठक से सभी के निहोरा कईले बा ।

एकरा के पुर्ण रुप मे कार्यान्वयन के खातिर जनपथ पुलीस तथा ससस्त्र पुलीस सँगे समन्वय करेके भी वार्ड अध्यक्ष तामाङ बतवनी ।

बईठक मे वार्ड अध्यक्ष पाख्रीन, निर्मलबस्ती गाबिस के पुर्व अध्यक्ष लाल बहादुर श्रेष्ठ, नेपाली काङ्ग्रेस के जिल्ला सदस्य राम बहादुर श्रेष्ठ, रेडियो बिजयबस्ती के अध्यक्ष सन्तोष श्रेष्ठ, नेकपा के नेता हरी सुनार लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

साथे बईठक से स्थानीय मिडिया तथा सामाजिक सञ्जाल के माध्यम से वार्ड नं. ४ के टोलटोल मे माइकिङ भी करके कोरोना भाइरस नियन्त्रण के खातिर सन्देशसब पुगावे के भी निर्णय कईल अध्यक्ष पाख्रीन बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।