आजु से ठोरी–३ मे भी निषेधाज्ञा कडाई के साथ लागु करेके निर्णय

मेघराज राय
जीराभवानी २८ सावन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा अनिश्चितकाल के खातिर लगावल निषेधाज्ञा के समय मे भी वार्ड भितर मनमौजी तरिका से अनेकन आदमीसब के आवतजावत बढल कहत ठोरी गाँवपालिका वार्ड ३ वार्ड क्षेत्र मे निषेधाज्ञा के कडाइ करेके निर्णय कईले बा ।
वार्ड नं. ३ के कार्यालय ढुङ्गे बजार मे आजु वार्ड अध्यक्ष सुर्य बहादुर लामा सहित बईठल सर्वपक्षीय बईठक से कोरोना भाइरस के जोखिम नियन्त्रण के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय से लगावल निषेधाज्ञा कडाई करत जरुरी बाहेक वार्ड भितर सवारीसाधन आ नागरिकलोग के आवतजावत मे कडाई करेके निर्णय भईला वार्ड अध्यक्ष लामा बतवनी ।
पर्सा के बीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र मे कोरोना जोखिम उच्च दर मे बढत जा रहल सन्दर्भ मे वार्ड ३ मे भी जोखिम बढला से वार्ड भितर के दोकान व्यवसाय, बित्तिय संस्था, मेला, जात्रा, खेलकुद, सभा समारोह, भोजभतेर आदी भिडभाड जन्य काम होखे ना देवेके निर्णय भईल वार्ड अध्यक्ष लामा बतवनी ।
एहितरे पुर्व मे सिकारीवास खोला से पश्चिम मे ठुटेखोला क्षेत्र भितर जरुरी काम पडल आदमी, मरेजी, लास व्यवस्थापन करेवाला आदमी बाहेक आउर केहु के भी आवेजाए ना देवेके निर्णय भईल बतवले बानी ।
एहितरे निषेधाज्ञा समय भर वार्ड बाहर रहल वार्डबासीलोग के प्रवेश करे ना देवेके निर्णय भी बुध के दिने के बईठक से कईले बा ।
बईठक मे सहभागीलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय के निषेधाज्ञा अवज्ञा कईला से कोरोना के जोखिम बढत गईल कहत निषेधाज्ञा के समय मे होखेवाला आवतजावत के पुर्णरुप मे कडाई करे सुझाव देहले रहलन ।
उलोग कोरोना भाइरस के रोकथाम के खातिर वार्डबासीलोग के जरुरी काम ना परके बाहर ना निकले खातिर भी निहोरा करेके निर्णय कईले रहे ।
बईठक मे जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपसभापति ठाकुर प्रसाद न्यौपाने, वार्ड ३ के सदस्यलोग, नेकपा नेता शम्भु खड्का, ललित बस्नेत, निल प्रसाद पौडेल, निर्मल ठोरी मध्यवर्ती उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष बाल कुमार बस्नेत, काङ्ग्रेस नेतालोग रुद्र बहादुर खड्का, पन्नालाल बिष्ट, प्रधानाध्यापकलोग भुपाल जोशी, सुर्य बहादुर खड्का, प्रहरी निरिक्षक अशोक साह, सशस्त्र प्रहरी निरिक्षक दिपक दाहाल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
वार्ड नं. ३ मे बितल जेठ १२ गते वार्ड अध्यक्ष लामा के संयोजकत्व मे ११ सदस्यीय कोरोना रोकथाम आ नियन्त्रण समन्वय समिति वार्ड स्तर मे गठन भईल बा ।






