वीरगंज मे मृत मिलल बारा के युवक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २८ सावन

वीरगंज के सडक मे मृत अवस्था मे मिलल एक आदमी मे कोरोना पुष्टि भईल बा । बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका–५ इटियाही के ३८ बरीस के युवक मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।

नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय बारा घर भईल एक पुरुष लास के नमुना संकलन करके परीक्षण कईला पर पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट आईल जानकारी देहनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुवँर के मुताविक ठाकुर मंगर के दिन के करिब साढे ३ बजे मृत अवस्था मे मिलल रहे ।

वीरगंज–१६ नगवा स्थित सामुदायिक प्रहरी कार्यालय लगे रास्ता मे उ मृत मिलला के बाद घटनास्थल जाँच मुचुल्का लगायत जरुरी कानुनी प्रक्रिया पूरा कईले रहे ।
लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल पठाईवल गईल आ उहें स्वाब नमुना संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईल रहे ।

पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ अईला के बाद लास व्यवस्थापन के खातिर बारा मे नेपाली सेना के निहोरा कईल बा ।

बहुते दारु पिएवाला भईला से उनका के घर परिवार खासे वास्ता ना कर रहल मिलल एक पुलीस अधिकृत जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।