“युवाके बदलाव के लहर से हो रहल बा चुनाव” — रास्वपा उम्मीदवार सुशील साह कानु के दावा, सिर्सिया में पार्टी कार्यालय उद्घाटन
“युवाके बदलाव के लहर से हो रहल बा चुनाव” — रास्वपा उम्मीदवार सुशील साह कानु के दावा, सिर्सिया में पार्टी कार्यालय उद्घाटन

वीरगंज २४ माघ
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका वडा नंबर २५ ड्राईपोर्ट सिर्सिया आ भंसार सिर्सिया में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के नया पार्टी कार्यालय उद्घाटन कइल गइल। प्रतिनिधि सभा चुनाव के लक्षित क के खोलल गइल एह कार्यालय के उद्घाटन रास्वपा के उम्मीदवार सुशील साह कानु कइलन।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत कानु कहलन कि देश में आज चुनाव होखे के मुख्य कारण युवामन में बढ़त बदलाव के चाहना बा। ऊ कहलन, “युवाके दबाव आ परिवर्तन के आवाज से देश चुनाव के राह पर बढ़ल बा। पुरान पार्टी आजो जरा गाड़ के बैठल बाड़ी, बाकिर बदलाव चाहत युवा अब चुप ना बैठी।”
कानु आगे कहलन कि ऊ आर्थिक रूप से बलियो उम्मीदवार ना हउवन, बाकिर युवाके साथ, भरोसा आ सक्रियता के बल पर चुनाव जीते के विश्वास रखत बाड़न। “ई चुनाव पैसा से ना, बल्कि युवाके शक्ति से जीतल जाई,” ऊ जोर देके कहलन।
उम्मीदवार कानु पर्सा–२ के स्थानीय समस्या के प्रमुख चुनावी मुद्दा बतावत कहलन कि कई जगह आजो पुल के अभाव बा, आ सूचना–संचार के कमजोर पहुँच से लोग नेटवर्क समस्या झेलत बा। ऊ कहलन कि बुनियादी समस्या के समाधान बिना विकास के बात खाली नारा बन के रह जाला।
शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र पर विशेष जोर देत कानु कहलन, “जब तक शिक्षा आ स्वास्थ्य मजबूत ना होई, तब तक समाज समृद्ध ना बन सकेला। हर नागरिक के गुणस्तरीय सेवा मिलल जरूरी बा।”
कार्यक्रम में शामिल युवामन पुरान राजनीति से निराशा जतावत नया सोच, पारदर्शिता आ जवाबदेही वाला राजनीति के समर्थन कइलन। ऊ लोग रास्वपा के प्रति समर्थन जतावत बदलाव के पक्ष में आवाज उठवलन।






