वीरगंज मे मृत्यु भईल बारा के २ जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज २९ सावन

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे बियफे के सबेरे मृत्यु भईल बारा के दु जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

प्रसौनी गाँवपालिका के ६५ बरीस के आ जीतपुर–सिमरा उपमहानगरपालिका के ५० बरीस के पुरुष मे मृत्यु भइला के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे बारा मे कोरोना संक्रमण से मरेवाला के संख्या ५ पुगल बा ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे उलोग मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

प्रसौनी गाँवपालिका–२ प्रसौनी टोल के ६५ बरीस के पुरुष पहिले से हि दामा के मरेजी रहनी । ३÷४ दिन से बोखार आ खोकी लागला के बाद उनका के अचानक स्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद बियफे के सबेरे नारायणी बयोधा अस्पताल लेगईल रहे ।

बयोधा नारायणी अस्पताल के डा. उदय नारायण सिंह से समन्वय करके साढे ३ बजे नारायणी अस्पताल पठवलख । आकस्मिक कक्ष मे ईलाज के समय मे साढे ८ बजे उनकर मृत्यु भईल रहे ।

एहितरे जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–४ सिमरा टोल रहेवाला ५० बरीस के पुरुष मधुमेह आ उच्च रक्तचाप के मरेजी रहलन । उनका के ४÷५ दिन से बोखार आ खोकी के समस्या देखल गईल रहे ।

बुध के सबेरे अचानक स्वास लेवेमे समस्या भईला के बाद ईलाज के खातिर नेशनल मेडिकल कलेज लेगईल । नेशनल आईसीयू खाली ना भईल कहत बुध के दिने दुपहरिया नारायणी अस्पतल मे रिफर कईलख ।

नारायणी अस्पताल के आईसीयु मे राख के ईलाज हो रहल समय उनका मे बियफे के सबेरे स्वास प्रश्वास मे आउर समस्या थपत गईल ।

अस्पताल भेन्टिलेटर मे राखके ईलाज कर रहल समय बियफे के सबेरे ९ बजे के समय उनकर मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डा. उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी । उनकर छाती के एक्सरे रिपोर्ट देखला पर निमोनिया देखल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।