लिलाम ना भईला से भन्सार मे करोडो के गाडी कबाड बन रहल

रौतहट २८ कुवार

गौर भन्सार कार्यालय अनेकन समय मे बरामद कईल सवारी साधनसब लिलाम ना भईला से कवाड मे परिणत होखेके अवस्था मे पुगल बा ।

आर्थिक बरीस मे बरामद सभी सवारी साधन लिलाम करे खातिर प्रकिया सुरु कईल गौर भन्सार कार्यालय के प्रमुख बासुदेव नेपाल बतवले बाडन ।

गौर भन्सार परिसर मे हजारो सवारी साधन कवाड मे परिणत हो रहल बा ।
समय मे हि लिलाम ना भईला से हजारो मोटरसाइकल, दर्जनो चारपाङ्ग्रे गाडीसब गौर भन्सार परिसर मे सडेके अवस्था मे पुगल बा ।

गौर भन्सार कार्यालय से २०७४ साल से बरामद सवारी साधनसब लिलाम भईल नईखे । भन्सार परिसर मे अलपत्र अवस्था मे करिब ३ हजार १ सय मोटरसाइकल आ ९६ गो जिपकार रहल गौर भन्सार कार्यालय जनवले बा ।

जिल्ला के अनेकन जगहा से नेपाल प्रहरी तथा सशस्त्र प्रहरी से बरामद कईल सवारी साधन अलपत्र परल बा । वर्षात मे पानी मे भिजके तथा भन्सार आरीपाछि पानी जमला के बाद उ सवारी साधन नष्ट भईल बा ।

सुरक्षित जगहा मे राखेवाला गोदाम ना भईला से घामपानी से सवारी साधन कवाड होत गईल गौर भन्सार के सूचना अधिकारी रेवती रमण रोक्का जानकारी देहनी ।

६ बरीस से लिलाम होखे ना सकल सवारी साधन के लिलामी प्रक्रिया अगाडि बढल गौर भन्सार के सूचना अधिकारी रोक्का बतवनी ।

आर्थिक बरीस २०७९ आ २०८० मे गौर भन्सार कार्यालय करिब ३५ करोड ९३ लाख राजश्व संकलन करेके लक्ष्य लेहले रहे । माकिर, भन्सार कार्यालय २३ करोड ८८ लाख मात्र राजश्व संकलन कईले बा ।

वि.स. २०८० आ ०८१ मे ३४ करोड ८७ लाख राजश्व संकलन करेके लक्ष्य लेहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।