बारा मे सेना सहित २१ जने कोरोना संक्रमित

प्रभु यादव
बारा ३० साउन
बारा जिल्ला मे सेना सहित २१ जने मे कोरोना संक्रमण भईल स्वास्थ्य कार्यालय जनकारी देहले बा । जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे १९ जने , बिश्रामपुर गाँउपालिका मे १ अा नेपाली सेना के एक जवान कर के २१ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख रामनरेश यादव जानकारी करावले बानी ।
कोरोना संक्रमित भईल जीतपुर सिमरा वडा नम्बर १४ के २८, ४२ अा ५२ बरीस के मर्दाना वडा नम्बर १५ के ४२ बरीस के जनानी वार्ड नम्वर १६ के २१ बरीस के जनानी वार्ड १७ के २६ बरीस के मर्दाना वार्ड १८ के ३७ बरीस के जनानी वार्ड १९ के ३९ बरीस के मर्दाना वार्ड २० के ३० बरीस के मर्दाना वार्ड २१ के २८ बरीस के जनानी वार्ड २२ के २ बरीस के लइका वार्ड २३ के ४० बरीस के मर्दाना वार्ड २४ के १३ बरीस के जनानी वार्ड २५ के २९ , २६ , ४४ , २८ बरीस के मर्दाना लोग रहल अा बिश्रामपुर गाँउपालिका के २४ बरीस के मर्दाना अउरी नेपाली सेना के २८ बरीस के मर्दाना जवान कोरोना भाईरस से संक्रमित भईल प्रमुख यादव जानकारी देहनी ।
पाच जने जनानी एक जने लइका अा १३ जने मर्दना सहित १९ जने कोरोना सक्रमित रहल जनस्वास्थ प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।
संक्रमित रहल लोग के आइसोलेसन मे लेयावेला तयारी कईल जारहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
बारा मे अभितकले कोरोना से तीन सय ५० जने संक्रमित भइल अा एक सय ९२ जने ठिक होके घर चलगईल सात जने के मृत्यू होगईल बा प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पण्डित जानकारी करावले बानी ।




