मलखाद्य कालाबजारी कईल आरोप मे दु जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ३० सावन
बारा से पुलीस मलखाद्य के कालाबजारी कईल आरोप मे दु जने के पकडले बा ।
पुलीस कलैया उपमहानगरपालिका–१७ रहेवाला मुरारी साह तेली आ महागढीमाई नगरपालिका–७ घर भईल अभी कलैया–१ मे रहेवाला धनंजयप्रसाद साह पकडाईल बाडन ।
कलैया–१ राजदेवी टोल स्थित कुशवाहा बीज भण्डार के सञ्चालक हउवन आ धनंजय श्री आसकामिनिमाई कृषि सहकारी संस्था लिमिटेड कलैया के कर्मचारी हउवन ।
दुनु मिल के साल्ट ट्रेडिङ्ग वीरगंज से कृषि सहकारी के नाम मे लेहल अनुदान के खाद बेसी दाम मे बेंचल दाबी पुलीस कईले बा । अनुदान के खाद सहकारीमार्फत सिधे किसान के सहुलियत मे बिक्री करेके पडेला ।
माकिर उलोग बीज भन्डार से महंगा मे बिक्री करके कालाबाजारी कईल मिलल पुलीस जनवले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल पुलीस टोली साल्ट ट्रेडिङ्ग वीरगंज से किनके दोकान मे स्टोर करके राखल युरिया खाद १९ बोरा, सल्फेट १४ बोरा आ भारतीय युरिया मल २२ बोरा करके जम्मा ५५ बोरा खद भी बरामद कईले बा ।
उलोग विरुद्ध काला बजार तथा कुछ आउर सामाजिक अपराध तथा सजाय ऐन, २०३२ मुताविक अनुसन्धान आ कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
‘साल्ट ट्रेडिङ से अनुदान के खाद लेहला के बाद कृषि सहकारी किसान के बाँटेके चाहिं माकिर व्यापारी मार्फत बिक्री कर रहल बाडन,’ कहत उ, ‘हमनी अनुदान के खाद व्यापारी के दोकान से बरामद भी कईल गईल बा, आउर अनुसन्धान आ कारबाही प्रक्रिया सुरु कईल गईल बा ।’





