जुवा खेलेवाला ७ जने नगद सहित पकडईले

प्रभु यादव

बारा ३१ साउन

बारा के जितपुरसिमरा उ.म.न.पा.२ मे कौडी खेल रहल ७ जने आ दु लाख ९१ हजार पाच सय रूपेया सहित पकडाईल बा ।

वार्ड नम्वर २ मे कुमार श्रेष्ठ प्रधुमन बैध संचालन करते आईल सगुन होटल के तिसरा तल्ला के २०५ न. कोठा मे जुवा कौडा खेलरहल गोप्य सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा से प्र.नि. सुर्य बहादुर राना मगर के कमान्ड मे खटल प्रहरी टोली जुवा खेल रहल अवस्था मे पकडले बा जनकारी करावले बा ।

पकडाईल जिल्ला बारा जितपुरसिमरा उ.म.न.पा.१५ के ५१ बरीस के मान बहादुर लोप्च , जिल्ला सर्लाही बागमती न.पा.१ के ४१ वरीस के तारा कुमार श्रेष्ठ , जिल्ला बारा परवानीपुर गा.पा. वरीस ३७ के जयराम दास , जिल्ला बारा कलैया उ.म.न.पा.२ के ३५ बरीस के बिनोद प्रसाद यादव .जिल्ला बारा जितपुरसिमरा उ.म.न.पा.१५ के बरीस ४२ के मान बहादुर गुरुङ
जिल्ला सल्यान बढीमालिका न.पा.८ के वरीस ३२ के भूबन चन्द जिल्ला सिन्धुपाल्चोक बाह्रबिसे न.पा.७ के बरीस २५ के पदम नेवार कडाउ परल प्रहरी प्रबक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।