नेपाल प्रवेश करेवाला भारतीय के भी क्वारेन्टाइन मे राखल जाई

वीरगंज ०९ चईत,
वीरगंज नाका होत नेपाल प्रवेश करेवाला भारतीय नागरिक के क्वारेन्टाइन मे राखेके जनावल गईल बा ।
नेपाली नागरिकलोग के हक मे होम क्वारेन्टाइन मे रहेके सहमति करके छोडल जाई ।
कहाँ से आईल बाडन, कउन स्थानीय तह मे काथि करे जाएके लगायत के विवरण लेके होम क्वारेन्टाइन मे बईठेके सहमति लेके छोडल गईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत बतवनी ।
“सेल्फ क्वारेन्टाइन मे रहेवालालोग के विवरण लेके पठावल जाई,” सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवनी ।
उलोग के विवरण सम्बन्धित स्थानीय तह मे पठा के अनुगमन करेके कहल गईल बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की के अध्यक्षता मे आजु बईठल जिल्ला सुुरक्षा समिति के बईठक से वीरगंज–रक्सौल बाहेक के सभी नाका बन्द करेके निर्णय भी कईले बा ।
बईठक से शंकराचार्य गेटस्थित हेल्थ डेस्क के आउर प्रभावकारी बनावेके, वीरगंज–१६ स्थित नेपाल आर्युवेद मेडिकल कलेज एण्ड टिचिङ हस्पिटल मे क्वारेन्टाइन स्थापना करके सञ्चालन आ व्यवस्थापन के संयोजन करेके जिम्मा नेपाली सेना के देवेके निर्णय कईले बा । साथे सहजोग के खातिर वीरगंज महानगरपालिका, नारायणी अस्पताल, नेशनल मेडिकल कलेज लगायत के निहोरा कईल जाई ।
सीमा क्षेत्र मे भीडभाड कम करे खातिर वीरगंज से रक्सौल ओरी जाएवाला स्थानीय रुट के टेम्पो, ई–रिक्सा, टाँगा लगायत के सवारी साधन के भन्सार गेट से फिर्ता करेके निर्णय भईल बा । भारत ओरी जाएवाला लम्हर रुट के गाडीसब एकरा से पहिले रोकल गईल बा ।






