बारा मे फेनु निषेधाज्ञा, घरके कम्पाउन्ड बाहर निकले ना मिली
बारा ३२ सावन
जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा सोमार से लागु होखेवाला किसिम से फेनु अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
जिल्ला कोभिड समन्वय समिति के निर्णय मुताविक सोमार के सबेरे ५ बजे से दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी भईल बा ।
बारा मे एकरा से पहिले सावन १८ गते से लागु होखेवाला किसिम से अनिश्चितकाल के खातिर निषेधाज्ञा जारी कईले रहे ।
जिल्ला मे कोरोना संक्रमित के संख्या बढत गईला से संक्रमण फईले से रोके खातिर अनिश्चितकालिन निषेधाज्ञा जारी करेके अवस्था आईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
स्थानीय प्रशासन ऐन २०२८ के दफा ६ (३) आ संक्रामक रोग नियन्त्रण ऐन २०२० के दफा २ बमोजिम बारा जिल्ला मे निषेधाज्ञा जारी कईल उ बतवनी ।
प्रशासन एतवार के दिने जारी कईल सूचना मे पुरे जिल्ला मे जरुरी काम के बाहेक कउनो भी आदमी घर तथा कम्पाउन्ड बाहर निकलेके ना होखी, पर्सा आ बारा जिल्ला जोडेवाला हुलाकी राजमार्ग मे पडेवाला सभी स्थानीय तहसब, कलैया बजार क्षेत्र, पथलैया वीरगंज औद्योगिक करिडोर मे पडेवाला जीतपुर, सिमरा, पथलैया, परवानीपुर, नितनपुर, निजगढ, कोल्हबी, सिम्रौनगढ, बरियारपुर, पचरौता, देवताल, करैयामाई लगायत अत्याधिक भिडभाड होखेके तथा हाटबजार लागेवाला क्षेत्रसब मे आदमी के आवागमन के पूर्ण रुप मे रोक लगावल उल्लेख बा ।
जरुरी सेवा मे संलग्न सरकारी तथा सार्वजनिक संस्थान बाहेक के आउर सेवा प्रवाह करेवाला कार्यालयसब बन्द रहेके, सभी किसिम के मेला, पर्व, जात्रा, जुलुस, महोत्सव भेला करे ना मिलेके, ग्याँस, इन्धन, दूध, डेरी तथा तरकारी दोकान सबेरे ८ बजे तक मात्र खुलेके, तरकारी दोकानसब मुख्य बजार क्षेत्र मे नाराख के साइकल तथा ठेलागाडा मे राख के स्थानीय क्षेत्र मे सबेरे ८ बजे पहिले हि वितरण करेके सूचना मे उल्लेख बा ।
एहितरे भारत से जुडल सीमा नाकासब से भादो मसान्त तक आवतजावत पूर्ण रुप मे बन्द करेके निर्णय भी कोभिड समन्वय समिति कईले बा ।
बारा मे आउर ६५ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद जोखिम बढल महसुस करत समन्वय समिति अनिश्चितकालिन निषेधाज्ञा करेके निर्णय कईले बा ।
पर्सा मे भी अनिश्चितकालिन निषेधाज्ञा जारी कईल बा । निषेधाज्ञा के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर एतवार से सेना परिचालन कईल बा ।





