तराई सामुदायिक उत्थान केन्द्र बाराद्धारा म्याराथन प्रतियोगिता

वीरगंज १२ अगहन
तराई सामुदायिक उत्थान केन्द्र बारा के आयोजना मे गुणस्तरीय शिक्षा तथा स्वास्थ्य के खातिर दौड (म्याराथन प्रतियोगिता) आजु आदर्शकोतवाल मे एगो भव्य समारोह के बिच पुरा भईल बा ।
प्रतियोगिता मे बारा जिल्ला के सिम्रौनगढ नगरपालिका, आदर्श कोतवाल आ बारागढी गाँवपालिका के विद्यार्थीलोग भाग लेहले रहलन ।
आयोजक संस्था के अध्यक्ष संजय यादव के अध्यक्षता मे भईल प्रतियोगिता के उदघाटन शत्र मे प्रमुख अतिथि बीरगंज महावाणिज्यदूतावास के वाणिज्य दुत शैलेन्द्र कुमार, एहितरे अतिथि वीरगंज पब्लिक कलेज के अध्यक्ष डा. दिपक शाक्य, लोसपा के केन्द्रिय सदस्य जियालाल ठाकुर, नगर अध्यक्ष किशोरी साह कलवार, कमरूललाह अँसारी, परमानन्द मुखिया, राजेश यादव, रामबहादुर पटेल, रामबाबु यादव, अरबिन्द यादव, गायत्री देवी पटेल, गेनालाल यादव, मनटु कणँ, बिरेन्द्र कुशवाहा, शानता कुशवाहा, सुनिल यादव, सुरेन्द्र कुशवाहा लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।
प्रतियोगिता मे भाग लेहल प्रथम आ द्वितिय पुरस्कार साईकिल आ तृतीय से दशौं तक के प्रतियोगिलोग के देवाल घडी देहल गईल बा ।
कार्जक्रम के सञ्चालन लोसपा आदर्श कोतवाल गाँवपालिका अध्यक्ष जगत कुशवाहा कईले रहनी ।





