लागुऔशध नाइट्रोभेट सहित एक जने पकडईलें

मेघराज राय
जीराभवानी ०२ भादो
पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका से सशस्त्र पुलीस लागुऔशध नाइट्रोभेट ट्याबलेट सहित एक जने के पकडले बा ।
सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोस्ट सुवर्णपुर से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक सिंहवीर मल्ल के नेतृत्व मे गईल गस्ती टोली आजु सँझिया जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक महादेवपटि के बलुवा मे चेकजाँच करेके समय मे BR 22 D 7708 नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल मे सवार होके आ रहल पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर चार रहेवाला फुलवान मिया के पैंतालीस पिस प्रतिबन्धित नाइट्रोभेट ट्याबलेट सहित पकडले बा ।
पकडाईल आदमी, मोटरसाइकल आ ट्याबलेट सहित जरुरी कारवाही के खातिर ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली मे पठावल गईल सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक सिंहवीर मल्ल जानकारी देहनी ।






