रामवृक्ष यादव के २६ औं स्मृती दिवस के उपलक्ष्य मे वृक्षारोपण

प्रभु यादव

बारा २ भादो

बारा के कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड ३ के सिध्देश्वर महादेव मन्दिर मे रामवृक्ष यादव के २६ औं स्मृती दिवस के उपलक्ष्य मे वृक्षारोपण कईल गईल बा ।

राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा आ अखिल नेपाल राष्ट्रिय विद्यार्थी स्वतन्त्र वुनियन बारा के सयुक्त आयोजना मे स्मृती दिवस के अवसर मे वृक्षरोपण कईल गईल सगठन के रमेश साह जनकारी करावले बानी ।

कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश नम्वर दु के नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के सदस्य प्रभु यादव सहिद यादव के गणतन्त्र लियावे मे विशेष योगदान रहल जवना के व्याख्या कईला से ना पुगी कहनी ।

सहिद यादव के स्मृती दिवस भव्य रूप मे ना कर के अभि के कोरोना के महामारी के मध्यनजर करत के समझना मे मन्दिर के परिसर मे एक सय गाछ के थाला रोप के वृक्षारोपण कईल गईल प्रमुख अतिथि यादव कहनी ।

आयोजक संगठन के अध्यक्ष पुरूषोतम साह आ राजेश्वर कुशवाहा के सयुक्त सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला कमिटि सदस्य मुकेश साह , धुरी साह , रमेश साह , जितेन्द्र साह मुस्लिम संगठन के सचिवालय सदस्य राज खान , राजमहम्द राय लगायत पार्टी के सदस्य लोग के सहभागिता रहल रहे ।

रामवृक्ष यादव २०५१ साल मे समाज मे परिवर्तन करेला आवाज उठाईला खातिर दुशमन सब मार देहले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।