प्रदेश २ मे ३२४ जने कोरोना संक्रमित थपईलें

जनकपुरधाम २ भादो

प्रदेश २ मे ३ सय २४ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । सामाजिक विकास मन्त्रालय के मुताविक ८५ जने जनानी सहित ३२४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

संक्रमित होखेवाला मे सबसे बेसी पर्सा जिल्ला मे १ सय २४ जने बाडन ।

मन्त्रालय के मुताविक बारा मे ५९, धनुषा मे ५४, रौतहट मे ४४, सप्तरी के १४, सिरहा तथा महोत्तरी के १३÷१३ जने आ सर्लाही के ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे प्रदेश मे कुल संक्रमित के संख्या ७ हजार ५ सय पुगल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे ४८ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज भईल बाडन । सप्तरी के २, सिरहा के ४, धनुषा के १२, महोत्तरी के १७ आ पर्सा के १३ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज भईल मन्त्रालय जनवले बा ।

एकरा सँगे प्रदेश २ मे डिस्जार्च होखेवाला कोरोना संक्रमित के संख्या ३ हजार ७ सय ९० पुगल बा ।

प्रदेश मे अभी तक ४७ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । सब से बेसी पर्सा जिल्ला मे २१, धनुषा मे ९, बारा मे ६, सप्तरी आ रौतहट मे ३÷३, सिरहा आ मोत्तरी मे २÷२ आ सर्लाही मे १ जने के मृत्यु भइल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।