राष्ट्रिय झन्डा जरावल आरोप मे एक जने पकडईलें

काठमाण्डु २ भादो
‘देशद्रोही’ शीर्षक मे सार्वजनिक एक गीत मे नेपाल के राष्ट्रिय झण्डा जरावल आरोप मे पुलीस एक जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला आदमी के नाम खुलावल नइखे । उनका के महानगरिय अपराध महाशाखा, काठमाण्डु के टोली पकडले बा ।
अपराध महाशाखा के एसएसपी दिपक थापा घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल बतवले बाडन ।
मुलुकी अपराध संहिता से राष्ट्रिय गान भा राष्ट्रिय झण्डा अपमान भा क्षति करेके निषेध कईले बा ।
जदि अईसन कसूर कईला पर ३ बरीस कैद सजाय, ३० हजार जरिवाना भा दुनु होखे सकेके व्यवस्था बा ।
मंगोल हप अफिसियल नामक युट्युब च्यानल से सोमार के दिने उ भिडियो अपलोड कईल रहे ।
युट्युव मे डालला के बाद एमे तेजी से प्रतिक्रिया आवे लागल बा । अभी सामाजिक सञ्जाल मे भी ई विषय भाइरल भईल बा ।
सभी से ई गीत उपर तत्काल एक्सन लेवे खातिर पुलीस के निहोरा कईले बाडन । र्याप जनरा मे गावल गीत के लिरिक्स यापर मंगोल ग्याल्ज् ली एन्ड एटीएम लिखले बाडन ।
मकवानपुर जिल्ला के बाग्मती गाँवपालिका स्थित श्री विष्णु आधारभूत विद्यालय के प्रांगण मे गीत के सुटिङ कईल बुझल गईल बा ।
राप्रपा सांसद राजेन्द्र लिङदेन ट्विटर मे लिखले बाडन, ‘जातीय घृणा फईलावे के आ राष्ट्रिय झण्डा जरावेके काम कउनो भी अर्थ मे स्वीकार्य ना होखी ।
ई किसिम के विष वृक्ष बढावेके आ मलजल करेके काम केहु ना करीं ।’






