महोत्तरी मे डुब के दु जने लईकालइकी के मृत्यु

जनकपरधाम २ भादो

महोत्तरी मे पोखरा मे डुब के दु जने लईकालइकी के मृत्यु भईल बा ।

बलवा नगरपालिका मे एक जने लईका के आ गौशाला नगरपालिका मे एकजने लइकी के पोखरा मे डुब के मृत्यु भईल बा ।

पुलीस के मुताविक बलवा नगरपालिका–१० धमौरा रहेवाला रबीन्द्र ठाकुर के ९ बरीस के बेटा राहुल के घर बगल के पोखरा मे डुब के मृत्यु भईल बा ।

नहाए गईल उनकर डुब के मृत्यु भईल महोत्तरी पुलीस जनवले बा ।

एहितरे, गौशाला नगरपालिका ४ बिर्ता रहेवाला अर्जुन राउत कुर्मी के ५ बरीस के बेटी निसानी के घर लगे रहल पोखारा मे डुब के मृत्यु भईल बा ।

ई लइकी भी नहाए गईला पर डुबल महोत्तरी के प्रहरी प्रबक्ता प्रकाश बिष्ट जानकारी देहनी ।

मृत्यु भईल दुनु के लास के जिल्ला अस्पताल जलेश्वर मे पोष्टमार्टम करके परिवारजन के बुझावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।