पर्सा मे जेठ ४ गते दिल्ली से आईल युवक मे कोरोना संक्रमण
वीरगंज ११ जेठ
पर्सा जिल्ला मे एतवार के दिने थपाईल तीन जने कोरोना संक्रमित मेसे एक आदमी भारत से आईल खुलल बा ।
उ वीरगंज के २५ बरीस के युवक हउवन् । मेहरारु के ईलाज करावे खातिर उ चईत के पहिलका हप्ता दिल्ली गईल रहलन ।
मेहरारु के ईलाज के बाद भारत मे आफन्त के घरे छोड के जेठ ४ गते काँकटभिट्टा नाका होके पैदल वीरगंज आइल रहलन ।
भारत से अईला के चलते परिवार के आउर सदस्य मे भी संक्रमण के जोखिम होखेके कहत उ सिधे सिद्धार्थ मावि के क्वारेन्टाइन मे जाके बईठल रहलन ।
बाद मे उनका के त्रिजुद्ध मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल पुलीस जानकारी देहले बा ।
दोसर आदमी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ नगवा के ६० बरीस के बुढ रहल बाडन । उ भी त्रिजुद्ध मावि के क्वारेन्टाइन मे रहत आईल रहलन ।
संक्रमण पुष्टि भईल दोसर आदमी पर्सा जिल्ला घर भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत प्रहरी कर्मचारी हउवन ।
पर्सा मे मिलल तीन जने संक्रमित मेसे २ जने के गण्डक कोभिड अस्पताल मे लियावे के तइयारी हो रहल बा आ पर्सा मे घर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत प्रहरी जवान के कलैया अस्पताल के आइसोलेन वार्ड मे भर्ना कईल बा ।
वीरगंज के त्रिजुद्ध मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल दुनु जने के जेठ ५ मे स्वाब संकलन कईल रहे आ बारा मे कार्यरत पुलीस कर्मचारी के जेठ ७ गते स्वाब संकलन कईल रहे ।
तीन जने संक्रमित थपईला सँगे पर्सा कोरोना संक्रमित के संख्या ९४ पुगल बा ।
जउना मेसे तीन जने भारतीय नागरिक ठिक होके घर गईल बाडन ।