पर्सा मे १०८ जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज ०३ भादो
पर्सा मे मंगर के रात आउर १ सय ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे मंगर के रात कईल परीक्षण मे पर्सा के १ सय ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।
मंगर के रात के परीक्षण मे पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका मे मात्र आउर ९० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बहुदरमाइ नगरपालिका–५ मे मात्र ६५ जने, वार्ड नम्बर २ मे २० जने, वार्ड नम्बर ३ मे ३ जने आ उहाँ के स्वास्थ्य चौकी के एक जने स्वास्थ्यकर्मी मे संक्रमण मिलल बा ।
एहितरे वीरगंज स्थित नारायणी बयोधा अस्पताल के ६ जने कर्मचारी मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा । पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका– २ आ ३ के ४ जने, छिपहरमाइ गाँवपालिका– ५ के १ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य निरीक्षक ठाकुर जानकारी देहनी ।
वीरगंज महानगरपालिका–१६ नगवा के २ जने, वार्ड नम्बर ५, १०, १२ आ २५ के १÷१ जने तथा वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के ४४ बरीस के १ जने पुरुष मे भी संक्रमण मिलल बा ।
एहितरे मंगर के रात आउर १ सय ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या १ हजार ५ सय ८२ पुगल बा ।
उ मेसे वीरगंज रहेवाला २० जने भारतीय नागरिक, १०२ जने स्वास्थ्यकर्मी, ४६ जने अस्पताल के कर्मचारी, ७३ जने सुरक्षाकर्मी, ६ जने पत्रकार आ ८९ जने कैदी थुनुवा हउवन ।
पर्सा मे सावन एने मात्र १ हजार ४ सय २५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के मुताविक, भादो २ गते सँझिया तक ३ सय २३ जने संक्रमित ठिक होके घर फिर्ता भईल बाडन ।





