एसएसबी के नियन्त्रण मे रहल महोत्तरी के युवक छुटलें

जनकपुधराम ३ भादो

भारतीय सीमा सुरक्षा बल (एसएसबी) से नियन्त्रण मे लेहल महोत्तरी के युवक छुटल बाडन ।

मछरी मारेके समय मे गौतम बुद्ध के मूर्ति मिलल महोत्तरी के मनरा सिस्वा नगरपालिका ९ बथनाहा के २० बरीस के बलिन्द्र सदा के बुध के दिनके एसएसबी के टोली नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

सीमा पारी एक पोखरा मे मछरी मारे गईल उ पोखरा के बगल मे कुश उखाडेके समय मे मूर्ति मिलल रहे ।

मूर्ति कहाँ मिलल बा कहत जगहा देखावे खातिर बोलावल एसएसबी उनका के भारतीय सीमा से नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

माकिर उनका के बुध के सँझिया छोडल महोत्तरी के प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कटुवाल जानकारी देहनी ।

‘उ एसएसबी के नियन्त्रण मे रहल जानकारी मिलला के बाद हमनी भारतीय सुरक्षा बल से समन्वय कईले रहनी’ कहत उ, ‘उहे आधार मे उ छुटल बाडन ।’

उ आपन घर आइल कटुवाल बतवनी । सदा के मिलल बुद्ध के मूर्ति उनका सँगे बा । ई बारे मे अनुसन्धान करे खातिर देश के सुरक्षाकर्मीबीच छलफल भईल आ तत्काल सदा के घर मे राखल उ बतवनी ।

‘अनुसन्धान भईला के बाद मूर्ति केकरा के देवेके कहके निष्कर्ष निकालल जाई’ कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।