सावन ८ गते से सार्वजनिक यातायात सञ्चालन करेके व्यवसायी के घोषणा

काठमाण्डु ६ सावन
यातायात व्यवसायी सार्वजनिक यातायात सावन ८ गते से सञ्चालन करेके घोषणा कईले बाडन ।
नेपाल यातायात व्यवसायी राष्ट्रिय महासंघ आ यातायात मजदुर के ट्रेड युनियन संयुक्त पत्रकार सम्मेलन करके सावन ८ गते से सार्वजनिक यातायात सञ्चालन करेके घोषणा कईले बाडन ।
सरकार असाढ २६ गते से हि काठमाण्डु उपत्यका भितर आ आउर जगहा मे सम्बन्धित जिल्ला भितर सार्वजनिक यातायात सञ्चालन करेके निर्णय कईले रहे । माकिर व्यवसायी अनेकन माग राखत यातायात सञ्चालन करेमे आनाकानी कईले रहलन ।
माकिर मंगर के पत्रकार सम्मेलन मे महासंघ खुद आवद्ध सभी यातायात कम्पनी, प्रालि, व्यवसायी तथा स्वरोजगार मजदुर के यातायात सञ्चालन करे खातिर आह्वान कईल बतवले बा ।
सरकार काठमाण्डु उपत्यका आ आउर बाहरी जिल्लासब मे आन्तरिकरुप मे सार्वजनिक सवारी चलावे के निर्णय कईले रहे ।
माकिर, यातायात व्यवसायी अनेकन माग राखत सार्वजनिक सवारी चलावे मे इन्कार करत आईल रहलन ।
सरकार से सार्वजनिक सवारी मे आधा सिट मे मात्र यात्रु राखेके नियम बनवले बा । साविक पसे ५० प्रतिशत बेसी भाडा लेवे सकेके भी कहले बा ।
माकिर, व्यवसायीलोग ४ महिना से राखल सवारी साधन बाहर निकाले के वातावरण ना भईल कहत गाडी लेके सडक मे निकलेके ना मनले रहलन ।
यातायात व्यवस्था विभाग से ५०÷५० प्रतिशत शुल्क सरकार व्यवसायी से बेहोरेवाला किसिम से मजदुर के कोरोना बीमा करेके, सरकार सँगे कउनो मजदुर के मृत्यु भईला पर क्षतिपूर्ति देवेवाला किसिम के कोष बनावे खातिर निहोरा करेके लगायत के सहमित भईल महासंघ के अध्यक्ष योगेन्द्रमान कर्माचार्य जानकारी देहनी ।
लम्हर दुरी के सवारी खोले खातिर भी यातायात व्यवस्था विभाग मार्फत सरकार से निहोरा करेके सहमति भईल बा ।
मौद्रिक नीति से भी व्यवसायी के पुर्नकर्जा लगायत के सुविधा देहला से यातायात चलावे के वातावरण तइयार भईल अध्यक्ष कर्माचार्य बतवनी ।
‘पहिलका बेर सरकार यातायात व्यवसायी के समस्या सम्बोधन के खातिर काम कईले बा,’ कहत उ, ’स्वरोजगार मजदुर के बाहुल्यता रहल ई व्यवसाय मे रहल आउर बहुते समस्या भी समाधान होखेके पडल ।’
४ महिना ४ हजार बरीस जेनता कठीन रुप मे काटल कहत व्यवसायीलोग अब सवारी चलईला पर सतर्कता अपनावे के विषय के गम्भीरतापूर्वक लेवेके बतवले बाडन ।






