कोरोना संक्रमण से बारा मे आउर एक जने के मृत्यु

बारा ०४ भादो

बारा जिल्ला मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जने के मृत्यु भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका–१० मटिअर्वा रहेवाला ५९ बरीस के पुरुष के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा ।

बुध के रात ११ बजे के समय अचानक श्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उनकर ईलाज के खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल पुगावल रहे ।

अस्पताल मे पुगईला के बाद उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।

नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह के मुताविक मरेजी के अस्पताल लिअईला पर भी ईलाज सुरु करेके पहिले हि मृत्यु भईल बतवनी ।

‘साँस लेवेमे समस्या भईल कहके अस्पताल लिआईल रहनी,’ कहत उ, ‘माकिर अस्पताल लियावे मे देरी भईला के चलते ईलाज सुरु करे से पहिले हि उनकर मृत्यु भईल ।’

मृत्यु के बाद स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल जानकारी नारायणी अस्पताल देहले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता डीएसपी गौतम मिश्र संक्रमित मृतक के लास व्यवस्थापन के खातिर नेपाली सेना से समन्वय हो रहल जानकारी देहनी ।

एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रममण के चलते मृत्यु होखेवाला बारा के मात्र ५ जने पुगल बाडन ।

कुल ३२ जने के मृत्यु भईला मे २३ जने पर्सा के आ २ जने रौतहट के बाडन ।

जेठ ३१ गते वीरगंज के घण्टाघर लग मृत मिलल लावारिस लास मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । माकिर उनकर अभी तक पहिचान खुले सकल नइखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।