पर्सा मे ५५ जने संक्रमित थपईलें

वीरगंज ०४ भादो
पर्सा मे बियफे के दिने आउर ५५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोशगाला मे आजु दिन मे कईल परीक्षण मे पर्सा के ४५ पुरुष आ १० जनानी करके ५५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव के मुताविक, बियफे के संक्रमण पुष्टि भईल ५५ मेसे ३२ जने वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वार्ड के बासिन्दा बाडन ।
एहितरे पर्सा के पोखरीया नगरपालिका १ के वार्ड अध्यक्ष सहित १५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक पोखरीया नगरपालिका के एम्बुलेन्स चालक सहित ७ जने कर्मचारी, नगरपालिका के वार्ड नम्बर ४ के ४, वार्ड नम्बर ५ के २, वार्ड नम्बर १, २ आ ९ के १÷१ जने करके १५ जने मे बियफे के दिने संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे धोबिनी गाँवपालिका के ३ जने आ पकहाँमैनपुर गाँवपालिका के–५ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बियफे के दिने आउर ५५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे पर्सा जिल्ला मे संक्रमित के संख्या १ हजार ६ सय ६१ पुगल बा ।
उ मेसे वीरगंज रहेवाला २२ जने भारतीय नागरिक, १०६ जने स्वास्थ्यकर्मी, ४८ जने अस्पताल के कर्मचारी, ८० जने सुरक्षाकर्मी, ६ पत्रकार आ ८९ कैदी थुनुवा बाडन ।
पर्सा मे सावन एने मात्र १ हजार ५ सय ४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के मुताविक भादो ३ गते सँझिया तक ३ सय ३८ जने कोरोना जित के घर गईल बाडन ।






