रौतहट मे गोली मारके पुजारी के हत्या, हिन्दू परिषद् नेपालद्धारा दोषी उपर कडा कारवाही के माग

रौतहट ४ भादो
रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका मे एक पुजारी के हत्या भईल बा ।
माधवनारायण २ खेसरहिया मे गोली मारके हनुमान मन्दिर के पुजारी श्रीराम साह के हत्या भईल बा ।
बुध के सँझिया के नियमित पूजा ओरवा के रात मे खाना खाए बईठल पुजारी साह के अज्ञात आदमी लगे से कन्चट मे गोली मरले रहलन ।
बाँवारी कन्चट मे गोली लागल पुजारी के घटनास्थल मे मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के एसपी रविराज खड्का जानकारी देहनी ।
घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल एसपी खड्का बतवनी ।
एहितरे घटना उपर दुःख जनावत हिन्दू परिषद नेपाल घोर भत्सर्ना कईले बा ।
परिषद के केन्द्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल आ महासचिव अनिरुद्ध सिंह द्वारा संयुक्त रुप मे एक प्रेस विज्ञप्ति जारी करके उ घटना के दोषी के अबिलम्ब पकड के कडा कानुनी कारवाही करे खातिर नेपाल सरकार से माग कईले बा ।
देश मे दिन पर दिन हिन्दू आस्था उपर खेलवाड के घटना बढत गईल बा ।
कभो मठ–मन्दिर उपर आक्रमण, कभो पूजापाठ होखेवाला जगहा मे गैर हिन्दूलोग के अनावश्यक चलखेल, सरकारी एवं गैर सरकारी निकाय के मिलिभगत मे धर्म परिवर्तन आ राजनीतिक दल के नेतालोग के हिन्दू बिरोधी अभिब्यक्ति सनातन धर्म उपर बारम्बार प्रहार भईल अपनेमे चिन्ताजनक रहल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
अपराधी मनोब्रिटी भईल समूह से कईल अमानवीय घटना उपर हिन्दू परिषद नेपाल के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल बा । ई घटना सुनियोजित आ पूर्वाग्रही भईल हिन्दू परिषद नेपाल ठहर कईले बा ।
रौतहट जिल्ला स्थानीय सुरक्षा प्रमुख आ प्रदेश नं. २ सुरक्षा प्रमुख के ई घटना के गम्भिर रुपमे लेवे खातिर निहोरा करत पुजारी के न्याय दिलावे खातिर हिन्दू परिषद नेपाल प्रतिबद्ध रहल विज्ञप्ति मार्फत जनवले बा ।
पूज्य सन्त उपर भावपूर्ण सम्बेदना अर्पण करत आत्मा के बैकुण्ठ बास होखो कहके आराध्य देव भगवान पशुपतिनाथ से हिन्दू परिषद नेपाल प्राथना कईले बा ।






