प्रदेश २ सामाजिक विकास मन्त्रालय के ११ कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण

जनकपुरधाम ४ भादो

प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय के आउर ११ जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

बियफे के दिने आईल रिपोर्ट मुताविक मन्त्रालय के ३५ बरीस के एक जनानी आ २७ से ३८ बरीस के १० जने पुरुष कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

संक्रमित मेसे मन्त्रालय के लेखा अधिकृत सहित लेखा फाँट के ३ जने कर्मचारी बाडन । आउर कर्मचारी अनेकन पद मे कार्यरत रहल मन्त्रालय श्रोत जनवले बा ।
एकरा से पहिले भी ई मन्त्रालय के चार जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।