एसईई परीक्षा के सभी तईयारी पुरा

एसईई परीक्षा के सभी तईयारी पुरा

भक्तपुर, ७ चईत

राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड इहे चईत १५ गते से सञ्चालन होखेवाला माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के सभी तईयारी पुरा भईल जनवले बा । ई बरीस के एसईई परीक्षा के खातिर देशभर दु हजार ५७ परीक्षा केन्द्र निर्धारण कईल बा ।

चईत १५ गते से सुरु भईल २७ गते तक होखेवाला परीक्षा के खातिर बोर्ड उ सङ्ख्या मे परीक्षा केन्द्र निर्धारण कईल बोर्ड के अध्यक्ष डा महाश्रम शर्मा जानकारी देहनी । उनका मुताविक ई बरीस देशभर से करिब पाँच लाख विद्यार्थी एसईई परीक्षा मे सहभागी होखिहें । ई बरीस भी जापान मे एगो परीक्षा केन्द्र निर्धारण कईल उ जानकारी देहनी ।

परीक्षा के खातिर बोर्ड पाँच लाख प्रश्नपत्र छापल परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय किलास १० के परीक्षा नियन्त्रक नन्दलाल पौडेल जानकारी देहनी । पाँच लाख चार हजार ४१४ जने परीक्षा के फाराम भरला पर भी परीक्षा मे कुछ विद्यार्थी के सङ्ख्या घटे सकेके उ बतवनी ।

पौडेल परीक्षा के खातिर जरुरी परेवाला प्रश्नपत्र बोर्ड देशभर के ७६ जिल्ला के प्रहरी कार्यालय मे पठावल गईल बतावत काठमाण्डु जिल्लामा परीक्षा के पिछिलका दिन मात्र पठावेके जानकारी देहनी । “हरेक विषय के परीक्षा के दिन परीक्षा सुरु होखेसे कुछ समय पहिले मात्र प्रहरी सुरक्षा के साथ सम्बन्धित परीक्षा केन्द्र मे प्रश्न पत्र पठावल जाई”, उ कहनी ।

परीक्षा के खातिर जरुरी परेवाला उत्तरपुस्तिका एवं आउर सामग्री कार्यालय सात प्रदेश मे पठावल जानकारी देत परीक्षा नियन्त्रक पौडेल प्रदेश आ जिल्ला से करेके तईयारी भी हो रहल बतवनी । उनका मुताविक जरुरी बजेट सात गो प्रदेश सरकार अन्तर्गत सामाजिक सुरक्षा मन्त्रालय व्यवस्थापन करी । नेपाल बाहर जापान मे रहल नेपाली विद्यार्थी ई बरीस भी जापान से परीक्षा देवे मिलल बा । बोर्ड ई बरीस के परीक्षा के खातिर एक परीक्षा केन्द्र निर्धारण कईले बा । जापान से २३ जने विद्यार्थी एसइई देवेवाला परीक्षा नियन्त्रक पौडेल जानकारी देहनी ।

हरेक परीक्षा केन्द्र मे केन्द्राध्यक्ष आ सहायक केन्द्राध्यक्ष एक÷एक, तीन सय विद्यार्थी रहल केन्द्र मे दु सहायक केन्द्राध्यक्ष, दु विद्यार्थी बराबर एक निरीक्षक, एक सय ५० से दु सय तक परीक्षार्थी भईला मे एक सहजोगी आ ओकरा से बेसी परीक्षार्थी रहल केन्द्र मे दु सहजोगी खटावेके उनकर कहनाम बा ।

परीक्षा केन्द्र के जरुरत मुताविक सुरक्षाकर्मी परिचालन करेके आ सुरक्षाकर्मी से कर्मचारी परिचालन के खातिर हरेक जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी के संयोजकत्व मे जिल्ला परीक्षा समन्वय समिति से करेवाला व्यवस्था कईल परीक्षा बोर्ड जनवले बा ।

शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय मन्त्रीस्तरीय निर्णय से विसं २०७८ पुस ७ गते ‘लेटर ग्रेडिङ निर्देशिका, २०७८’ जारी कईले रहे । ई बरीस के परीक्षा मे बोर्ड ‘लेटर ग्रेडिङ निर्देशिका, २०७८’ लागू कईल जनवले बा ।

वितल समय मे सैद्धान्तिक आ प्रयोगात्मक दुनु जोडके ३५ प्रतिशत लियावेके व्यवस्था रहला मे ई बरीस निर्देशिका कार्यान्वयन मे अईला के बाद पहिलका बेर बोर्ड एसईई परीक्षा के नतिजा मे विद्यार्थी सैद्धान्तिक मे ३५ आ प्रयोगात्मक मे ४० अङ्क लियावेके व्यवस्था कईल परीक्षा नियन्त्रक पौडेल जानकारी देहनी ।

परीक्षार्थी कम्ती मे सैद्धान्तिक विषय मे ३५ आ प्रयोगात्मक मे ४० अङ्क लियावेके कहत एक सय पूर्णाङ्क रहल विषय मे ३५ अङ्क आ ७५ पूर्णाङ्क रहल विषय मे २७ अङ्क लियावेके उ बतवनी । परीक्षा नियन्त्रक पौडेल के मुताविक ३५ प्रतिशत से कम अङ्क लिअईला मे किलास ११ मे भर्ना होखे ना मिलेके आ पुनःमौका परीक्षा मे सहभागी होखेके पडि ।

३५ अङ्क लियावे ना सकेवाला विद्यार्थी पहिलका बरीस दु विषय के मौका परीक्षा देवे मिलेके व्यवस्था कईल उ जानकारी देहनी । उनका मुताविक विद्यार्थी तीन बेर तक दु विषय मे ग्रेड वृद्धि परीक्षा मे सहभागी होखे मिली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।