गढीमाई मन्दिर के मूल पुजारी के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा ०५ भादो

बारा जिल्ला के महागढीमाई नगरपालिका के बरियारपुर मे रहल प्रसिद्ध गढीमाई मन्दिर के मूल पुजारी के मृत्यु भईल बा ।

रौतहट के गुजरा नगरपालिका–३ सिमरी गाँव के स्थायी निवासी दुखन धामी के ७६ बरीस के उमिर मे शुक के दिने मृत्यु भईल बा ।

बरियारपुर मे गढीमाई के मन्दिर स्थापना भईल समय से हि वंशानुगतरूप मे पूजा करत आईल धामी के सिमरीस्थित घर मे भी गढीमाई मन्दिर रहल बा ।

हरेक दिन अनिवार्यरूप मे घर के मन्दिर मे पूजा करेके चलन रहल धामी के परिवार से बरियारपुर स्थित मूल मन्दिर मे पुजारी रहेके प्रचलन रहल बा ।

बारा के बरियारपुर के गढीमाई मन्दिर विश्व मे पशुबलि के खातिर प्रसिद्ध रहल बा ।

पाँच बरीस मे लागेवाला महागढीमाई मेला बितल बरीस अगहन मे पुरा भईल रहे । अगहन मे धामी हि मुख्य पुजारी के रूप मे गढीमाई के पूजा करवले रहलन ।

सिमरीस्थित घर मे रहत आईल धामी के दु दिन से पेटझरी भईल रहे ।

गाँव मे सामान्य ईलाज के बाद बारा के निजगढस्थित अस्पताल मे ईलाज के खातिर लेगईल धामी के आउर ईलाज के खातिर भरतपुर ओरी लेजारहल समय रास्ता मे मृत्यु भईल धामी के भतिजा विन्देश्वर धामी बतवले बानी ।

पुजारी धामी के उमाशङ्कर धामी आ उमेश धामी करके दु बेटा बाडन ।

उनकर वंशज से गढीमाई मन्दिर के पुजारी रहेके परम्परा रहला से गढीमाई से जेकरा के चाहला पर उ हि पुजारी बनेके विन्देश्वर धामी के कहनाम बा ।

पुजारी धामी के गाँव लगे के बकैया खोला मे अन्तिम संस्कार कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।