आशाराम के कोभिड अस्पताल बनावे के खोजला पर स्थानीय के विरोध

वीरगंज ०६ भादो
वीरगंज पानीट्यांकी स्थित आशाराम अस्पताल के अस्थायी कोभिड अस्पताल बनावे के खोजला पर स्थानीय विरोध कईले बाडन ।
बस्ती के बीच मे कोभिड अस्पताल स्थापना कईला पर संक्रमण फईले सकेके स्थानीय के आशंका बा ।
प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त लगायत के टोली अस्पताल के स्थलगत अनुगमन के खातिर गईल रहलन । माकिर स्थानीय निषेधाज्ञा के उल्लंघन करत विरोध मे उतरला के चलते कुछ देर तनाव उत्पन्न भईल रहे ।
सार्वजनिक शान्ति भंग कईल अरोप मे पुलीस दु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । आउर के सम्झा के पठावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।
वीरगंज मे समुदायस्तर मे संक्रमण फईलल बा । दु निजी अस्पताल के कोरोना विशेष अस्पताल बनईला पर भी संक्रमितलोग समय मे अभी भी ईलाज मिले नइखे सकल ।
सरकार पिछिलका बेर निजी अस्पतालसब के २० प्रतिशत बेड कोभिड के खातिर छुटयावे के कहले बा । माकिर कोभिड आ ननकोभिड मरेजी के एके जगहा मे राखला पर संक्रमण आउर फईले सकेके जनस्वास्थ्य विज्ञलोग बतवले बाडन ।
निजी अस्पताल के सञ्चालकलोग भी ओमे सहमत बाडन आ उलोग आशाराम अस्पताल के कोभिड अस्पताल बनाके आउर अस्पताल से जनरल सेवा प्रदान करेके तईयारी कईले बाडन ।
आशाराम अस्पताल मे ८० जने संक्रमित के राखे सकेके अस्पताल के सञ्चालिका एवं एशोसियसन अफ प्राईभेट हेल्थ इन्स्टीच्यूसन अफ नेपाल (अफिन) पर्सा शाखा कोषाध्यक्ष निभा दास बतवनी ।
‘हरेक अस्पताल २० प्रतिशत बेड छुट्याके संक्रमित के ईलाजज कईला पर संक्रमण फईलेके जोखिम होखेला’ कहत उ ‘वीरगंज के सभी निजी अस्पताल के सहमति मे आशाराम अस्पताल मे कोरोना संक्रमित के ईलाज करेके निर्णय भईल बा ।’
प्रशासन से अनुगमन हो चुकला से कुछ दिन मे अस्थायी कोभिड अस्पताल सञ्चालन मे आवेके दास बतवनी ।





