बर्दी के आड मे आतङ्क मचावत बाडन हवलदार यादव

वीरगंज ०७ भादो

पुलीस चौकी बहुअर्वा भाठा के हवलदार सुबोध यादव बर्दी के आड मे ब्रह्मलुट मचवले बाडन ।

पर्सा के विन्दावासिनी गाँवपालिका मे पडेवाला उ चौकी के हलदार यादव गुन्डाशैली मे सर्वसाधारण के लुट रहल सिकाईत स्थानियबासी के रहल बा ।

विश्व महामारी के रुप मे लेहल कोरोना भाइरस से नेपाल भी अछुतो ना रहल आ सबसे बेसी प्रभावित पर्सा जिल्ला भईला पर भी लकडाउन के समय मे हलदार यादव बहुअर्वा भाठा चौक, बिश्रामपुर आ गर्दाैल लगायत के स्थानीय दोकानदार व्यवसायी के डेरवा धम्का के पईसा असुलके लुटत आईल बाडन ।

प्रहरी प्रशासन जनता के रक्षक भईला पर भी पिछिलका लकडाउन के समय बहुअर्वा, गर्दाैल आ बिश्रामपुर गाँव के स्थानीय उपर अपराधी जईसन अन्धाधुन लठ्ठी प्रहार करके खुद उपर जनता मे भय, डर देखा के हलदार यादव अभी खुद्रा दोकानदार भा छोटा व्यवसायीलोग से पईसा असुल के व्यवसाय संचालन करे देरहल स्थानीय दुःख सुनवले बाडन ।

बहुअर्वा भाठ्ठा चौकी के प्रमुख प्रहरी सहायक निरिक्षक भईला पर भी चौकी के सभी कमाण्ड हलदार सुबोध यादव हि चला रहल बाडन ।

ई विषय मे पुलीस चौकी के प्रमुख से सिकाईत करे सर्वसाधारण गईला पर हवलदार यादव पिटपाट करेके आ धमकावत आईल बाडन । हमर बिषय मे बेसी बोलला पर फँसा देवेके हवालदार यादव धम्की देत आईल बाडन ।

कउनो कउनो व्यवसायी पईसा देवेके ना मानला पर लकडाउन के बाहाना मे कुठारघात तरिका से पिटपाट करके सरसमान के भी बिगेके काम कईल स्थानीय बतवले बाडन ।

पर्सा मे पहिलका बेर जनानी प्रहरी प्रमुख मे प्रहरी उपरिक्षक गंगा पन्त पर्सा मे आईल समय भय, डर रहित आम नागरिक के बातावरण सृजना भईला पर भी हलदार यादव के दादागिरी से छोटा व्यवसायी तथा सर्वसाधारण पिडित भईल बाडन ।

कोरोना महमारी मे जारी लकडाउन के समय स्थानीय उपर कुठारघात लठ्ठी प्रहार करके आपन पहुँच उपर तक भईला से केहु भी हमरा कुछो करे ना सकेके जईनस बात से धम्कावत जनता के रक्षक होखेके हलदार यादव अभी जनता के भक्षक भईल बाडन ।

स्रोत से बतावल मुताविक उपर तक पहुँच भईल तस्कर गिरोह भी हलदार यादव के सहजोग कर रहला से उनकर सरुवा भईला पर भी अभी उनका के रोकके रखले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।