ठगी कईल आरोप मे रौतहट से एक पकडईलें

मेवालाल यादव
रौतहट ०५ कातिक
रौतहट मे ठगी कईल आरोप मे पुलीस ६० हजार रोपेया सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बौधीमाई नगरपालिका वार्ड नं. १ के गौरीशंकर साह कलवार के २४ बरीस के बेटा बिकेश जयसवाल रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरिक्षक बिनोद घिमिरे बतवले बानी ।
कोभिड–१९ के चलते समस्या मे पडल अनेकन जनानीलोग के खातिर मानवीय सहायता स्वरुप युएनडिपी प्रभु बैंक शाखा कार्यालय गौर मार्फत पठावल रोपेया निकाले आईल आदमीसब से पईसा असुली कईल आरोप मे जसवाल के पकडल गईल बा ।
बितल कातिक १ गते सोमार के दिने करिब २ बजे के समय मे दलित जनजाती उथान केन्द्र कलैया बारा के प्रोग्राम कोडिनेटर आ बौधीमाई नगरपालिका वार्ड नं १ के गौरीशंकर साह कलवार के बेटा तीन तीन हजार के दर से अवैध रुप मे पईसा उठाके ठगी कर रहल सूचना मिलते मातर जिल्ला से खटल पुलीस से पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी नायब उपरिक्षक नारायण प्रसाद चिमरिया बतवनी ।
प्रहरी टोली प्रभु बैंक के गेट अगाडी के प्यासेज मे जयसवाल के देखला पर उनकर देह चेकजजाँच तथा उनका से लेहल करिया रंग के झोरा भी चेकजाँच कईला पर झोरा भितर से ठगी कईल नेपाली नगद रोपेया ६० हजार ७ सय मिलल उ बतवनी । बरामद भईइल रोपेया सहित उनका के सम्मानित जिल्ला अदालत से म्याद थप कराके अनुसन्धान काम हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी नायब उपरिक्षक चिमोरिया बतवनी ।






