रौतहट मे निषेधाज्ञा एक हप्ता बढल

रौतहट ७ भादो
जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट भादो ७ तक के निषेधाज्ञा आउर एक हप्ता के खातिर बढावल गईल बा ।
कोरोना संक्रमण के जोखिम कम करे खातिर स्थानीय प्रशासन ऐन, २०२८ के दफा ६ के उपदफा ३ तथा संक्रमण रोग ऐन, २०२० के दफा २ बमोजिम निषेधाज्ञा के भादो ८ से १५ गते तक एक हप्ता थपले बा ।
निषेधाज्ञा मे खाद्यान्न, निर्माण सामान के दोकान तथा बैंकसब सबेरे ७ से ११ बजे तक संचालन के छुट देहले बा । स्वास्थ्य सुरक्षा सम्बन्धी मापदण्ड के पालना करेके शर्त मे उ सहुलियत प्रदान कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव बतवनी ।
एहितरे रौतहट मे पिछिलका २४ घण्टा मे कोभिड १९ (कोरोना) के ११ संक्रमित थपाईल बाडन । रौतहट के राजदेवी आ बौधिमाई नगरपालिका के आदमी मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के राजदेवी नगरपालिका ४ के ६ जने आ बौधिमाई नगरपालिका के ५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट जनवले बा ।
संक्रमण पुष्टि भईल सभी संक्रमित स्थानीय संक्रमित रहल जनस्वास्थ्य कार्यालय के प्रवक्ता हरेन्द्र गुप्ता बतवनी ।
ई रौतहट मे संक्रमित के संख्या १ सय ६० पुगल बा । रौतहट मे स्वाब संकलन कईल मेसे ९ सय ८ जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी रहल बा ।






