रौतहट मे भईल घटना के दोषी लोग के कार्यवाही करे खातिर ज्ञापन

प्रभु यादव
बारा १८ भादो
रौतहट के जवान निरंजन राम आ बिजय राम के हत्या कईल गईल ओकर दोषी के कार्यवाही करेला जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे ज्ञापनपत्र बुझवले बा । बारा के दलित अगुवा लोग प्रशासकिय अधिकृत मुरारी कार्की के ज्ञापनपत्र बुझावले बा ।
मुलुक मे संघिय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र नेपाल मे आयेल आ सगे सगे धर्म निरपेक्ष आ छुवाछुत मुक्त राष्ट्र के समेत घोषणा भइल अवस्था मे अभि भि जातिय छुवाछुत तथा भेदभाव जइसन अमानविय घटना सब घटल बहुते दुखद बिषय भईला से दोषी के कार्यवाही करेला ज्ञापन पत्र मार्फत माँग कईले बा ।
देशभर दलित समुदाय के ब्यक्ति सब उपर बहुते ब बहना मे कुटपिट, लुटपाट, हत्या, हिंसा, बलात्कार जइसन जघन्य अपराध के घटना सब बेरीबेरी घट रहल जवना से चिन्तित बनल बानी हम सभि जने ।
रौतहट जिल्ला के गरुडा नगरपालिका वडा नम्बर ८ बिसपिटी जिगरिया के दलित युवा निरंजन राम के नटी काट के हत्या भईल आ उहे जगह के बिजय राम के निरंजन के हत्या मे आरोपी बनाके प्रहरी हिरासत मे कु्रूर, निरदयी अपराधी प्रवृति मे अनुसंन्धान कर के नाम मे चरम यातना तथा कुपपिट कर के प्रहरी राम के मृत्यू मे मुख मे धकेल् के काम के ज्ञापन पत्र मे घोर निन्दा करत भत्र्सना कईले बा ।
कुटपिट करेवाला के निर्देशन देहल रौतहट के प्रहरी उपरिक्षक, गरुडा के तत्कालिन प्रहरी नायव उपरिक्षक सहित अन्य प्रहरी सब के वर्खात कर के घटना के सुक्षम अनुसंन्धान के खातिर उच्च स्तरिय छानविन समिति गठन करे के माँग करत दोषी के हदै तक के कार्यवाहि करे के आ मृतक के परिवार के उचित क्षतिपुर्ती आ निरंजन राम, बिजय राम के शहिद घोषना करे खातिर सरकार से माँग कईल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख कईले बा ।
दलित समुदाय के उपर बर्बर दमन, हत्या, बलात्कार, कुटपिट, दुरब्यवहार जइसन घटना सब रोके के सरकार के ध्यानआर्कषन करावत दलित समुदाय के न्याय के खातिर ईलका प्रहरी कार्यालय गरुडा अगाडी पुर्व मन्त्रि विश्वेन्द्र पासवान, राष्ट्रिय सभा के निवर्तमान साँसद रामपृत पासवान आ रौतहट जिल्ला निवासी गैर दलित समुदाय के ब्यक्ति संजय कुसवाहा से कईल गईल आमरन अनसन प्रति ऐक्वद्धता प्रकट ज्ञापनपत्र मे जनावल गईल बा ।
ज्ञापनपत्र बुझावे पहुचल पुव मन्त्रि कलावती पासवान, नेपाल मानव अधिकार संगठन बारा अध्यक्ष सिकेन्द्र पासवान, राष्ट्रिय दलित पत्रकार संघ प्रदेशिक समिति प्रदेश २ के कोषाअध्यक्ष साबित्री शर्मा, बारा अध्यक्ष सागर विश्वकर्मा, दलित नेटवर्क बारा अध्यक्ष रुपनारायण पासवान, दलित महिला संघ के अध्यक्ष किसमति देवी राम आ कानुन व्यवसायी रामशरण पासवान लगाएत के सहभागिता रहल ।
ज्ञापनपत्र के बोधार्थ प्रधानमन्त्रि तथा मन्त्रि परिषद के कार्यालय सिह दरवार काठमाडौ, गृह मन्त्रालय आ मुख्य मन्त्रि के कार्यालय प्रदेश २ सरकार जनकपुरधाम मे प्रशासन मार्फत पेठावल गईल सिकेन्द्र पासवान जनकारी करावले बाडन ।






