वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जनानी के मृत्यु

वीरगंज ०७ भादो
वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से आउर एक जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका–११ रहेवाला ५६ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा ।
नारायणी अस्थायी कोभिड अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे ईलाज के समय मे शनिचर के सँझिया साढे ७ बजे उनकर निधन भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
बितल सावन २२ गते स्वाब संकलन करके पीसीआर परीक्षण कईला पर सावन २४ गते उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।
थाइराइड के मरेजी उनका मे बोखार, खोकी आ श्वासप्रश्वास के समस्या देखल गईल रहे ।
स्वास्थ्य स्थिति गम्भिर भईला के बाद उनका के सावन २४ गते से हि आईसीयू मे राख के ईलाज हो रहल रहे ।
पिछिलका १२ घण्टा भेन्टिलेटर मे राखला पर भी उनका के बँचावे ना सकल ईलाज मे संलग्न चिकित्सक बतवले बाडन ।
एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रममण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ३७ पुगल बा ।
मृत्यु भईल मेसे २८ जने पर्सा के, ५ जने बारा के आ २ जने रौतहट के बाडन ।
जेठ ३१ गते वीरगंज के घण्टाघर मे मृत मिलल लावारिस लास मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । माकिर उनकर अभी तक पहिचान खुले सकल नइखे ।






