पर्सा मे कोरोना संक्रमित बुढ के मृत्यु

वीरगंज ०८ भादो

वीरगंज मे एक कोरोना संक्रमित जनानी के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

शनिचर के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल पर्सा के विन्दबासिनी गाँवपालिका–३ इटियाही ७० बरीस के बुढ के एतवार के सबेरे ११ः४० बजे मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

क्षयरोग भईल बुढ के स्वास प्रश्वास मे समस्या अईला के बाद भादो ६ गते शनिचर के दिने परिवार नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईले रहलन ।

शनिचर के हि स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

कोभिड अस्पताल मे आईसीयु बेड खाली ना भईला के चलते उनका के नारायणी अस्पताल के आईसीयू मे राख के ईलाज कईल रहे ।

एकरा सँगे वीरगंज मे कोरोना संक्रममण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ३८ पुगल बा । उ मेसे २९ जने पर्सा के, ५ जने बारा के आ २ जने रौतहट के बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।