बन्दरगाह मे राखल अधिकांश कन्टेनर मे छोकडा, केराव आ चना, ३ सय ४ कन्टेनर के भौतिक परीक्षण पूरा
बन्दरगाह मे राखल अधिकांश कन्टेनर मे छोकडा, केराव आ चना, ३ सय ४ कन्टेनर के भौतिक परीक्षण पूरा
वीरगंज १४ माघ
वीरगंज के सिर्सियास्थित सुक्खा बन्दरगाह मे ५ बरीस से जाँचपास ना कराके राखल ३ सय ४ कन्टेनर के भौतिक परीक्षण पुरा भईल बा । बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के मुताविक भौतिक परीक्षण कईल कन्टेनर मेसे ७० प्रतिशत मे छोकडा, केराव आ चना मिलल बा ।
आउर कन्टेनर मे फर्नेस आयल, दाल, मरिच, मोटरपार्ट्स, कपडा आ कुछ मे कसईली आ पोस्तादाना मिलल प्रमुख भन्सार अधिकृत रामप्रसाद मैनाली जनवले बाडन ।
छोकडा, चना, केराव, दाल, फर्नेस आयल लगायत के उपभोग्य सामान परीक्षण के खातिर प्रयोगशाला मे पठावल गईल मैनाली बतवनी । उपभोग्य सामान के परीक्षण करके लिलाम प्रक्रिया मे लेजाएके आ सडल सामान के नष्ट करेके उ बतवनी । भौतिक परीक्षण के समय मे अधिकांश छोकडा सडल अवस्था मे मिलल रहे ।
माग से बेसी परिमाण मे मालबस्तु आयात करके भारत ओरी चोरी निकासी बढला से सरकार वैदेशिक मुद्रा सञ्चिति मे असर पुगला से आयात नियन्त्रित कईले रहे । लम्हर समय से जाँचपास ना होके रोकल अधिकांश कन्टेनर मे आयात रोक्का भईल समय सेटिङ मे भा सरकार से खुला करावे के उद्देश्य से मालबस्तु आयात कईल व्यापारी के सेटिङ मिले ना सकला के बाद यार्ड मे कन्टेनर राखल हो सकेके भन्सार के अधिकृत बतवनी ।
आयातकर्ता के मुताविक कोभिड के समय मे सरकार छोकडा, मटर, करिया मरिच के आयात मे रोक लगवले रहे । ‘सरकार मटर आ करिया मरिच के जाँचपास कुछ समय के बाद खुला कईले रहे,’ वीरगंज के एक आयातकर्ता कहेलन, ‘माकिर, छोकडा के जाँचपास सरकार खुला ना कईलख । करोडो मूल्य बराबर के छोकडा सडके गईल ।’
भन्सार विभाग के कर्मचारी, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के प्रतिनिधि, प्रशासन, कोष तथा लेखा नियन्त्रण कार्यालय, सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के कर्मचारी, बन्दरगाह यार्ड के व्यवस्थापन के जिम्मा मिलल प्रिस्टिन भ्याली, क्वारेन्टाइन लगायत के सरोकारवाला के उपस्थिति मे कन्टेनर के भौतिक परीक्षण कईल रहे ।
बन्दरगाह यार्ड मे राखल कन्टेनर के अगहन अन्तिम हप्ता से भन्सार भौतिक परीक्षण सुरु कईले बा । आयातकर्ता आ कन्टेनर मे भईल मालवस्तु के विवरणसहित कार्यालय बितल अगहन १० मे सार्वजनिक सूचना जारी करके जाँचपास कराके लेजाए खातिर सार्वजनिक सूचना आह्वान कईले रहे ।
भौतिक परीक्षण के समय मे व्यापारी से तिसरका देश से आयात होखेवाला सामान के गलत घोषणा करके परिमाणात्मक बन्देज लगावल गईल कसईली आ पोस्तादाना समेत लियावल मिलल बा । ३ सय ४ कन्टेनर मेसे कुछ मे आधा भाग मे मास के दाल आ आधा भाग मे पछाडि ओरी कसईली आ पोस्तादाना बरामद भईल भन्सार जनवले बा । भौतिक परीक्षण मे संलग्न एक अधिकृत के मुताविक मास के दाल के बोरा भितर कसईली के बोरा राखके सियल मिलल बा ।
‘कन्टेनर के अगाडि ओरी आधा भाग तक घोषणा कईल मुताविक सामान राखल बा,’ उ अधिकृत कहनी, ‘भितर ओरी आधा भाग मे कसईली आ पोस्तादाना राखल बा ।’ स्रोत के मुताविक भन्सार बिन्दु मे ‘क्लियरिङ’ के समय मे हरेक बोरा खोलके जाँचपास करेके अवस्था ना भईला से व्यापारी लुकाके सामान लियावेलन ।
प्रमुख भन्सार अधिकृत मैनाली गलत घोषणा करेवाला आयातकर्ता के पत्राचार कईल बतवनी । अभी तक आयातकर्ता भन्सार कार्यालय के सम्पर्क मे आईल नईखन । चौरी पैठारी करेके खोजल स्थापित करेके ओरी भन्सार कार्यालय अनुसन्धान कर रहल बा । एकरा खातिर कम्पनी बैंकमार्फत कईल भुक्तानी अनुसन्धान कर रहल बा । भन्सार स्रोत के मुताविक सुक्खा बन्दरगाह मे गलत घोषणा कईल कम्पनी आउर नाका से निर्बाध रूप से उहे सामान घोषणा करके निर्बाध रूप से लिया रहल बा । ‘आउर नाका से कम्पनी (आयातकर्ता) से घोषणा कईल सामान लिआईल बाडन कि इहाँ के जईसन घोषणा ना कईल सामान भी लिया रहल बाडन,’ भन्सार के एक अधिकृत कहनी, ‘उपरला निकाय एकर छानबिन कईल जरुरी बा ।’ उल्था ईकान्तिपुर