धनुषा मे मृत्यु भईल पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

जनकपुरधाम ७ भादो

धनुषा मे मत्यु भईल एक आदमी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

जनकपुरधाम उप महानगरपालिका–२० रुपैठा के ५८ बरीस के पुरुष के मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय के जनस्वास्थ्य प्रशासक विजयकुमार झा जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक बितल भादो ३ गते उ पुरुष के स्वाब संकलन कईल रहे । माकिर ४ गते हि मृत्यु भईल आ ६ गते उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

यद्यपी उ पुरुष के कउन जगहा मे कईसे मृत्यु भईल कहके सन्दर्भ मे खुद समक्ष जानकारी आवे ना सकल झा बतवनी । ‘ई सम्बन्ध मे आउर बुझेके काम हो रहल बा’ उ बतवनी ।

ई पुरुष के मृत्यु के बारे मे खुद समक्ष कउनो जानकारी ना आईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय, धनुषा के प्रमुख इन्द्र यादव बतवनी ।

उ ई बारे मे तोकल कोरोना फोकल पर्सन अशोक कर्ण के जानकारी होखेके बतवनी । माकिर कर्ण भी खुद के ई बिषय मे जानकारी ना भईल प्रतिकृया देहले बाडन ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी प्रेमप्रसाद भट्टराई भी मृतक पुरुष के बिषय मे खुद के जानकारी ना भईल बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।