बारा मे ९२ जने कोरोना संक्रमण

प्रभु यादव
बारा ०८ भादो
बारा मे सोमार ९२ जने कोरोना पोजेटिभ थप भईल बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका मे ७३ जने नेपाल आयल निगम अमलेखगंज मे १६ जने, देवताल गाँवपालिका के १ जने आ काठमाण्डु मे चेकजाँच करावल पालिका ना खुलल २ जने कर के ९२ जने कोरोना पोजेटिभ भेटल जनस्वास्थ्य बारा के प्रमुख रामनरेश यादव जानकारी करवले बानी ।
बारा मे आजु तक सात सय पाँच जने कोरोना पोजेटिभ रहल जवना मे से दु सय ५१ जने घर ठिक होके चलगईल प्रमुख यादव जानकारी करावले बानी ।
कलेया उपमहानगरपालिका के गंगापुर के आईसुलेसन मे ३४ जने ईलाज करारहल बाडन आ बाकी लोग होम आईसुलेशन मे रहला मे अभीतक १० जने के मृत्यु भईल प्रमुख यादव जानकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका मे भादो के ४ गते आ ५ गते तीन सय ४३ जने के स्वायव संकलन भईल रहल जवना मे २५ जने जनानी आ ४९ जने मर्दाना कर के ७३ जने कोरोना सक्रमित भेटल बा स्वास्थ्य शाखा प्रमुख प्रेमचन्न्द्र जयसवाल जनकारी करावले बानी ।
कार्यालय के कर्मचारी, वार्ड अध्यक्ष आ सर्वसधारण कर के ७३ जने मे कोरोना सक्रमन भईल जयसवाल जानकारी करावले बानी ।






