भोजपुरी कवि डाॅ . उमाशंकर साहू आ असलम सागर के “बज़्म-ए-हबीब सम्मान – 2020” मिलल

छपरा (बिहार) भारत

साहित्यिक आ सामाजिक संस्था “बज़्म-ए-हबीब” भोजपुरी माई भाषा के विकास खातिर कवि आ साहित्यकार लोगन के प्रोत्साहित करे के आपन वर्ष 2020 मुहिम के शुरुआत कइले बा । मुहिम के दूसरा पड़ाव में संस्था के समिति छपरा के माटी से भोजपुरी भाषा के दू गो होनहार युवा कवि के चयन कइलस।

जेकर नाव बा डाॅ० उमाशंकर साहू आ असलम सागर।
छपरा में एगो साहित्यिक गोष्ठी के आयोजन कऽ के भोजपुरी के चयनित दूनू युवा कवि डाॅ० उमाशंकर साहू आ असलम सागर के अंग वस्त्र आ फूल माला पहिना के “बज़्म-ए-हबीब” सम्मान देहलस। ए दूनी कवि लोगन के अंग वस्त्र आ फूल माला पहिना के सम्मान पत्र संस्था के सचिव आ मशहूर कवि आ शायर ऐनुल बरौलवी तथा जिला अल्पसंख्यक कल्याण पदाधिकारी , सारण उपेंद्र कुमार यादव दूनु लोग आपना हाथ से देहलन। ए सम्मान समारोह मेंं कवि सुहैल अहमद हाशमी , प्रो० शकील अनवर , डाॅ० मोअज़्ज़म अज़्म , रविभूषण हँसमुख , कवींद्र कुमार बौद्ध , वसीम रजा , जाकिर अली , कृष्ण मोहन सिंह आदि उपस्थित रहलन।

बाद मेंं एगो काव्य गोष्ठी शायर सुहैल अहमद हाशमी के अध्यक्षता में भइल। जेके संचालन कवि प्रो० शकील अनवर कइले। काव्य पाठ करे वाला में कवि आ शायर ऐनुल बरौलवी , कवींद्र कुमार बौद्ध , डा० उमाशंकर साहू , असलम सागर , सुहैल अहमद हाशमी आ प्रो० शकील अनवर , रविभूषण हँसमुख , डा० मोअज्जम अज्म आदि रहले। सभे कवि एक से बढ़ के एक आपन रचना पढ़ले। धन्यवाद ज्ञापित सुहैल अहमद हाशमी कइले। सम्मानित होखे वाला दुनू कवि लोगन के बज़्म-ए-हबीब संस्था के अध्यक्षा शाफिया हसन ने ढेर शुभकामनाएँ दी हैं।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।